बांग्लादेश में सियासी बवाल जारी, ट्रेन में उपद्रवी कुल लगवले सs आग; दु लइकन समेत 5 लोगन के मउत
ढाका : बांग्लादेश के राजधानी ढाका में शुक के एगो ट्रेन में आग लगला से दु लइकन समेत कम से कम 5 लोग के मउत हो गईल अवुरी कई लोग घाही हो गईले। अधिकारी लोग के दिहल जानकारी के मुताबिक इs ट्रेन भारत के सीमा के नजदीक तटीय शहर बेनापोले से आवत रहे। उ बतवले कि इs घटना देश में आम चुनाव से 2 दिन पहिले भईल बा जवना के मुख्य विपक्षी दल बांग्लादेश राष्ट्रवादी पार्टी बहिष्कार कईले बिया। पिछला कुछ दिन से बांग्लादेश के हालात बहुते खराब बा आ राजनीतिक हिंसा के चलते बहुते लोग आपन जान गँवा चुकल बा।
घटना शुक के रात 9 बजे भईल
खबर के मुताबिक शुक के रात करीब 9 बजे आगजनी के घटना में पश्चिम बंगाल के सीमा से सटल कस्बा बेनापोले से चलत बेनापोल एक्सप्रेस के 4 बोगी में आग लगा दिहल गईल।घटना के समय इs ट्रेन ढाका के गंतव्य कमलापुर रेलवे स्टेशन के नजदीक रहे। बचावकर्मी के मउका से कुल 5 लोग के लाश मिलल बा। बतावल जा रहल बा कि जरत ट्रेन से लोग के खींच के एगो नवही आपन जान गँवा दिहलस। रेलवे के अधिकारी बतवले कि ट्रेन में करीब 292 यात्री सवार रहले, जवना में से अधिकांश लोग भारत से अपना घरे लवटत रहले। ट्रेन के गोपीबाग इलाका पहुंचते ही ओकरा में आग लगा दिहल गईल।
अइसन घटना पहिले भी हो चुकल बा
बता दीं कि एकरा से पहिले भी राजधानी ढाका में एगो सवारी ट्रेन में आग लगावे के घटना भईल रहे, जवना में एगो महिला अवुरी उनुकर नाबालिग बेटा समेत कम से कम 4 लोग के मउत हो गईल रहे। इंटर-डिस्ट्रिक्ट मोहनगंज एक्सप्रेस एयरपोर्ट स्टेशन से ढाका जात रहे। चुनाव बहिष्कार करे आ चुनाव आयोग के ओर से घोषित चुनाव कार्यक्रम के खिलाफ औपचारिक विरोध प्रदर्शन करे के जारी अभियान के तहत बीएनपी के ओर से बोलावल गईल देशव्यापी बंद के दौरान इs हमला भईल। बता दीं कि पछिला कुछ महीना में ट्रेन में आगजनी के घटना में बढ़ोतरी भईल बा। पिछला कुछ महीना में ट्रेन में आगजनी के इs पांचवा घटना बा।