टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बांग्लादेश में तनाव : प्रदर्शनकारी कुल अब सुप्रीम कोर्ट के कइले घेराव, चीफ जस्टिस के बदलले के करत बाड़े मांग

01:13 PM Aug 10, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

बांग्लादेश में अंतरिम सरकार बनला के बाद भी विरोध के दौर नईखे रुकल। अब प्रदर्शनकारी मुख्य न्यायाधीश समेत बांग्लादेश के सुप्रीम कोर्ट के सभ जज के इस्तीफा देवे के मांग करतारे।  प्रदर्शनकारी सुप्रीम कोर्ट के घेराबंदी कs के अपना मांग पs अड़ल बाड़े। खबर के मुताबिक, प्रदर्शनकारी, जवना में अधिकांश छात्र बाड़े, बांग्लादेश के सुप्रीम कोर्ट के घेराबंदी कs देले बाड़े अवुरी मुख्य न्यायाधीश के तुरंत इस्तीफा देवे के मांग करतारे।  एकरा से पहिले शेख हसीना सोमार के दिने प्रधानमंत्री पद से इस्तीफा दे दिहले रहली आ नौकरी में आरक्षण प्रणाली के खिलाफ व्यापक विरोध के

बीच देश छोड़ दिहले रहली.  शेख हसीना के बाद बियफ़ें के नोबेल पुरस्कार विजेता अर्थशास्त्री मोहम्मद यूनुस (84 साल) बांग्लादेश के अंतरिम सरकार के प्रमुख के शपथ लेले। राष्ट्रपति मोहम्मद शहाबुद्दीन के संसद भंग कइला के बाद मंगल के दिने यूनुस के अंतरिम सरकार के प्रमुख बनावल गइल.  यूनुस के लगे रक्षा, शिक्षा, रेलवे, कृषि, वाणिज्य आदि समेत कई गो बड़ मंत्रालय रहल बा।

बांग्लादेश के नवगठित अंतरिम सरकार ‘बड़का देश’ के साथे ढाका के संबंधन में ‘संतुलन’ बनावे राखे के जरूरत पs जोर दिहले बिया. विदेश मामिला के सलाहकार आ विदेश सचिव रहल मोहम्मद तौहीद हुसैन पत्रकारन से बतवले कि एह घरी कानून व्यवस्था बहाल कइल अंतरिम सरकार के मुख्य प्राथमिकता बा आ पहिला लक्ष्य पूरा भइला के बाद दोसरो काम हो जाई. ‘यूएनबी’ समाचार एजेंसी के खबर के मुताबिक उs इहो कहले कि बांग्लादेश के सभ देश के संगे निमन संबंध बनावे के जरूरत बा। बिना कवनो देश के नाम लिहले हुसैन कहले कि, हमनी के सभके संगे निमन संबंध बनावल चाहतानी। हमनी के बड़ देश के संगे संबंध में संतुलन बनावे के जरूरत बा।

 

 

Tags :
Bangladesh Newspeople are demanding resignation of all judges including the Chief Justice of the Supreme Courtsiege of Supreme CourtTension in Bangladesh
Advertisement
Next Article