टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bangladesh: 'हमनीं साथे लड़नी आ साथही रहब', हिंदुअन के लेके मोहम्मद यूनुस छात्रन से कइले भावुक अपील

01:19 PM Aug 11, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

मोहम्मद यूनुस आन्दोलित छात्रन से अल्पसंख्यक हिन्दू, ईसाई आ बौद्ध के बचावे के अपील कइलन आ जनता से राष्ट्रीय एकता मजबूत करे के भावनात्मक अपील कइलन।

Advertisement

अब बांग्लादेश में अल्पसंख्यकन के खिलाफ होखत हिंसा के खिलाफ बांग्लादेश के हिन्दू समुदाय आ बाकिर अल्पसंख्यक एकजुट हो गइल बा। शनिचर के दिने अल्पसंख्यक समुदाय के लाखों लोग सड़क पs निकल के विरोध जतवले आ आपन एकजुटता देखा दिहले। बांग्लादेश के राजधानी ढाका आ देश के दुसरका बड़हन शहर चटगाँव में अल्पसंख्यकन के खिलाफ होखत हिंसा का खिलाफ भारी संख्या में लोग सड़क पर उतरल आ विरोध कइल।

मोहम्मद यूनुस एगो भावुक अपील कइले

बांग्लादेश के अंतरिम सरकार के नेता मोहम्मद यूनुस अल्पसंख्यकन के खिलाफ होखत हिंसा पs नाराजगी जतवले आ एकरा के घिनौना बतवले। मोहम्मद यूनुस आन्दोलित विद्यार्थियन से अल्पसंख्यक हिन्दू, ईसाई आ बौद्ध के बचावे के गोहार लगवले आ कहले कि का ई हमनी के देश के लोग ना ह? देश के बचाइब त कुछ परिवार के ना बचाइब?...रउरा कहे के चाही कि केहु के कवनो नुकसान ना होई। उहो हमनी के भाई हउवे। हमनी के एक संगे लड़नी आ एक संगे रहब।

शेख हसीना के सरकार गिरला के बाद से अल्पसंख्यक निशाना पऽ बाड़े

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक बांग्लादेश में शेख हसीना के सरकार गिरला के बाद से देश के 52 जिला में अल्पसंख्यक के खिलाफ हिंसा के 205 घटना भइल बा। एह हिंसा के घटना में सैकड़न अल्पसंख्यक घायल हो चुकल बाड़े आ बहुत घर तबाह हो चुकल बा। कई गो हिन्दू मंदिरन के निशाना बनावल गइल बा। हिंसा के घटना में शेख हसीना के पार्टी अवामी लीग के दुगो हिन्दू नेता के मौत हो चुकल बा। हिन्दू समुदाय के हजारों लोग देश छोड़े के योजना बनावत बाड़े।

शनिचर के दिने ढाका में अल्पसंख्यक समुदाय के भारी संख्या में लोग सड़क पर उतरल। प्रदर्शनकारी अल्पसंख्यक के खिलाफ हिंसा करेवाला लोग पs तुरंत आ कड़ा कार्रवाई करे के मांग कइले। संगही संसद में 10 प्रतिशत सीट अल्पसंख्यक खाती आरक्षित होखे के चाही। अल्पसंख्यक संरक्षण कानून बनावे के चाहीं। कई घंटा तक प्रदर्शनकारी सड़क जाम कऽ देले। एह दौरान बहुत मुसलमान आ छात्र अल्पसंख्यक के समर्थन कइले।

Tags :
bangla deshbangladeshBangladesh Desh HinduBangladeshi hindu
Advertisement
Next Article