For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

फुटबॉल : देवरिया के हरा बरहज बनल विजेता; ग्रामीण क्षेत्र के नवहन में प्रतिभा के कवनो कमी नइखे, खाली अवसर के बा जरूरत - अजीत सिंह

11:33 AM Jan 13, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
फुटबॉल   देवरिया के हरा बरहज बनल विजेता  ग्रामीण क्षेत्र के नवहन में प्रतिभा के कवनो कमी नइखे  खाली अवसर के बा जरूरत   अजीत सिंह
Advertisement

बरहज (देवरिया)/ अखिलेश कुमार सिंह : बरहज के श्रीअनंत इंटरमीडिएट कालेज के मैदान में फाइनल मुकाबला टाऊन क्लब बरहज आ देवरिया स्टेडियम बीच खेलल गइल। जेकर मुख्य अतिथि अजीत सिंह उर्फ छोटू खिलाड़ियन से परिचय प्राप्त कs के खेल के शुभारंभ कइलें।

Advertisement

दुनो टीमन के बीच सानदार खेल देखे के मिलल। जेमे पहिला हाफ के 15वां मिनट में प्रतीक मद्धेशिया गोल कs के अपना टीम के बढ़त दिला देलें। दूसरका हाफ में कवनो गोल ना भइल आ बरहज के टीम एक गोल से विजेता रहल।मैन ऑफ द सीरीज आदित्य यादव आ मैन ऑफ द मैच प्रतीक मद्धेशिया के मिलल।

मैच सुरू होखे से पहिले आदित्य तिवारी आ रामदुलारे यादव मैच देखे आइल दर्शकन के खूब मनोरंजन कइल लो। मैच के आयोजक मकसूद आलम, विजय यादव, कमेंटेटर सियाराम भूपेंद्र आ गोरखनाथ यादव रहल लो।

एह मैच में संदीप सिंह, सूर्यप्रकाश मिश्रा, अनन्त विक्रम सिंह, राघवेंद्र चौधरी, यसपाल सिंह, विवेक सिंह, राकेश गिरी, धीरज यादव, विरंजन यादव, मुकेश यादव, सन्तोष यादव, जितेंद्र अग्रहरि, उज्जवल श्रीवास्तव, प्रताप कुमार, सरोज कुमार, प्रिंस जयसवाल, मुलायम, अनुज कुमार, मोनू, धर्मेंद्र उपाध्याय आदि लोग खिलाड़ियन के उत्साहवर्धन कइल।

Tags :
Advertisement