टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

‘बस्तर-द नक्सल स्टोरी’ जेएनयू में देखावलऽ जात रहे, जानबूझ के दू बेर बिजली काट दिहलऽ गइलऽ

10:06 AM Mar 14, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

‘बस्तर-द नक्सल स्टोरी’ के रिलीज अब बहुते करीब आ गइल बा । रिलीज होखे से दू दिन पहिले जेएनयू में एगो विशेष प्रदर्शन के आयोजन भइलऽ रहे । एह दौरान फिल्म के प्रदर्शन में बाधा डाले के कोशिश कइलऽ गइलऽ। जानी पूरा बात का बा-

Advertisement

 

‘द केरल स्टोरी’ के सफलता का बाद विपुल अमृतलाल शाह एगो अउरी फिलिम ले के आवतऽ बाड़न । एह फिलिम के नाम बा ‘बस्तर-द नक्सल स्टोरी’ । फिलिमो असली घटना पs आधारित बा। फिल्म के रिलीज होखे में अबहीं एक दिन बाचल बा । निर्माता फिल्म के प्रचार में व्यस्त बाड़े। फिल्म के प्रदर्शन के दौरान कुछ शरारती तत्व गड़बड़ी पैदा करे के कोशिश कइले। स्क्रीनिंग के बीच बिजली काट दिहलऽ गइलऽ।

दू बेर बिजली कट गइलऽ 

राष्ट्रीय कला मंच के ओर से बुधवार के जवाहरलाल नेहरू विश्वविद्यालय (जेएनयू) में फिल्म 'बस्तर' के प्री-रिलीज स्क्रीनिंग के आयोजन भइल। एह विशेष प्रदर्शन खातिर फिल्म टीम पहुंचल रहे। प्रदर्शन के दौरान फिल्म के निर्देशक सुदीप्तो सेन खुद मौजूद रहले। एह फिलिम में देश में माओवादी आतंक से त्रस्त छत्तीसगढ़ के बस्तर के कहानी देखावल गइलऽ बा । प्रदर्शन के आयोजन करेवाला छात्र के कहनाम बा कि ए दौरान शरारती तत्व आ जेएनयू प्रशासन के ओर से बिजली काटे के कई बेर कोशिश भइल, बिजली दु बेर कट गइलऽ, बाकी तबहूँ छात्र फिल्म के पूरा प्रदर्शन देखले।

 

विद्यार्थियन के बीच उत्साह देखलऽ गइलऽ

राष्ट्रीय कला मंच (आरकेएम) के संयोजक गौरव कहले कि जेएनयू के छात्र के इ फिल्म बहुत पसंद आईल। इ बात खचाखच भरल हॉल आ विद्यार्थियन के उत्साह से देखल जा सकेला । एह फिल्म के देखावे के मकसद रहे कि छात्रन के बीच वामपंथी लोग के सच्चाई के उजागर कइल जाव। जेएनयू में एकर महत्व एह से बढ़ जाई काहे कि जेएनयू के छात्रन के अक्सर मुट्ठी भर वामपंथी लोग गुमराह आ परेशान करऽ जाला।

 

 सुदिप्तो सेन विद्यार्थियन के संबोधित कइलन

छात्रन के संबोधित करतऽ सुदीप्तो सेन कहले कि जेएनयू में मुट्ठी भर वामपंथी के चलते जेएनयू के छात्र बदनाम बाड़े। बाहर के लोग के पता नइखे कि राष्ट्र के पहिला स्थान देवे वाला हजारों छात्र जेएनयू में पढ़ाई करेले। एह फिल्म के माध्यम से बस्तर के माओवादी आतंकवादी इलाका के कहानी देखावल गइलऽ बा, कइसे ओहिजा के निर्दोष निवासी लोग के वामपंथी लोग बेरहमी से अपना फायदा खातिर इस्तेमाल करेला ।

रिलीज के तारीख जान लीं

विपुल अमृतलाल शाह के निर्माता आ आशीन ए शाह के सह निर्माता ‘बस्तर: द नक्सल स्टोरी’ के निर्देशन सुदीप्तो सेन कइले बाड़न । एहमें अदा शर्मा मुख्य भूमिका में रहीहें । सनशाइन पिक्चर्स के बैनर तले बनलऽ इ फिलिम 15 मार्च 2024 के दुनिया भर के सिनेमाघरन में रिलीज होखी । अदा शर्मा के वर्क फ्रंट के बात करी तऽ उनका के एहसे पहिले ‘द केरल स्टोरी’ में देखल गइलऽ रहे ।

Tags :
'The Kerala Story#entertainmentnews #bollywoodnews #AjayDevgnBhojpuri khabarbollywoodjnuKhabar Bhojpur NewsKhabar Bhojpuri Entertainment NewsKhabar Bhojpuri NewsKhabariya Railway StationNew Delhireal story
Advertisement
Next Article