For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Basti News:करंट लागल से दु गो मौत, एक- दोसरा के बचावे के चक्कर में गइल जान

01:39 PM Sep 12, 2024 IST | Sonu Kishor
basti news करंट लागल से दु गो मौत  एक  दोसरा के बचावे के चक्कर में गइल जान
मौत के बाद रोअत-बिलखते परिजन आ अन्य ग्रामीण - फोटो
Advertisement

खेत देखे गइल दुबौलिया इलाका के दु किसान के अचानक करंट लाग गइल, जवना के चलते दुनो किसान के मौत हो गइल। ई खबर सुनला के बाद गाँव में आक्रोश मच गइल। मिलल जानकारी के मुताबिक आज सबेरे दुनो किसान खेत देखे गइल रहले बिजली के खंभा में 11000 वोल्ट के बिजली के धारा रहे, जवना के चलते एगो किसान ओकरा में फंस गइल।

Advertisement

जब दोसर किसान ओकरा के बचावे खातिर भागल तऽ ओकरो करंट लाग गइल, जवना के चलते दुनो के मौत हो गइल। परिवार के दुनो लोग के हालत बहुत खराब बा।  मरेवाला लोग के पहचान किशनलाल (64) आ भलाई यादव (42 साल) के रूप में भइल बा।

Tags :
Advertisement