For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

IND vs BAN: बांग्लादेश के खिलाफ दूसरका टेस्ट खातिर भारतीय टीम घोषित, बुमराह के नइखे दिहल गइल आराम

01:11 PM Sep 22, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
ind vs ban  बांग्लादेश के खिलाफ दूसरका टेस्ट खातिर भारतीय टीम घोषित  बुमराह के नइखे दिहल गइल आराम
Advertisement

भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) ने बांग्लादेश के खिलाफ दूसरका टेस्ट मैच खातिर भारतीय टीम के एलान कs दिहल गइल बा। भारत चेन्नई में खेलल गइल पहिला टेस्ट मैच के चउथा दिन बांग्लादेश के 280 रन से हराके दु मैचन के सीरीज में 1-0 के बढ़त बना लेले बा। दुनो टीमन के बीच अब 27 सितंबर से कानपुर के ग्रीन पार्क में दूसरका आ अंतिम टेस्ट मुकाबला खेलल जाये के बा।

Advertisement

भारत एह टेस्ट मैच खातिर ओहि टीम के बरकरार रखले बा जवन पहिला टेस्ट मैच खातिर घोषित कइल गइल रहे। अइसन मानल जा रहल बा कि तेज गेंदबाज जसप्रीत बुमराह के दूसरका टेस्ट से आराम दिहल जा सकत बा, बाकिर चयनकर्ता ने उनका के टीम में सामिल रखल गइल बा।  बुमराह के अलावे तेज गेंदबाज यश दयाल आ आकाश दीप आपन जगह बरकरार रखले बा लो, जबकि सरफराज खान आ विकेटकीपर बल्लेबाज ध्रुव जुरेल टीम के संगे यात्रा करेम। चेन्नई टेस्ट में भारत तीन तेज गेंदबाजन के संगे उतरल रहे। एह मैच में यश दयाल के प्लेइंग-11 में जगह ना मिलल रहे। अब देखे के होई कि टीम कानपुर टेस्ट खातिर एकादश में कवनो बदलाव करत बिया भा एही टीम के संगे उतरे के फैसला करी।

शमी के ना भइल वापसी

पिछला साल भइल वनडे विश्व कप के बाद से चोटिल होखे के कारण भारतीय टीम से बाहर चल रहल तेज गेंदबाज मोहम्मद शमी के मैदान पs वापसी के इंतजार आउर बढ़ गइल बा। फिट होखे के राह पs दिख रहल शमी के पहिला टेस्ट खातिर सामिल ना कइल गइल रहे। ओह घरी लाग रहल बा कि सायद चयनकर्ता शमी के पूरा तरे फिट होखे खातिर कुछ आउर समय दिहल चाहत बा लो, बाकिर दूसरका टेस्ट घोषित भइल टीम में उनकर नाम नइखे। चयन समिति के अध्यक्ष अजीत अगरकर पहिले कहले रहस कि दायां हाथ के एह तेज गेंदबाज के लक्ष्य बांग्लादेश के खिलाफ पहिला टेस्ट में वापसी करे के बा। पिछला कुछ दिनन से चरचा चलत रहे कि शमी बांग्लादेश के खिलाफ सीरीज से मैदान पs वापसी कs सकत बा, बाकिर एह टीम खातिर खिलाफ टेस्ट सीरीज खातिर उनका के टीम में नइखे रखल गइल। अब ई देखल दिलचस्प होई कि का शमी न्यूजीलैंड के खिलाफ टेस्ट सीरीज के हिस्सा होई? भा उनका के अभी वापसी खातिर आ इंतजार करे के पड़ी।

बांग्लादेश के खिलाफ दूसरका टेस्ट खातिर भारतीय टीम एह तरे बा...

रोहित शर्मा (कप्तान), यशस्वी जायसवाल, शुभमन गिल, विराट कोहली, केएल राहुल, सरफराज खान, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), ध्रुव जुरेल (विकेटकीपर), रविचंद्रन अश्विन, रवींद्र जडेजा, अक्षर पटेल, कुलदीप यादव, मोहम्मद सिराज, आकाश दीप, जसप्रीत बुमराह, यश दयाल।

Tags :
Advertisement