For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Gorakhpur: 'सतर्क रहीं, जरूरी काम ना होखे तऽ घर से ना निकली', जिला प्रशासन के अपील

11:07 AM Sep 28, 2024 IST | Sonu Kishor
gorakhpur   सतर्क रहीं  जरूरी काम ना होखे तऽ घर से ना निकली   जिला प्रशासन के अपील
गीता प्रेस के सामने के नजारा
Advertisement

गोरखपुर जिला प्रशासन भारी बरखा के देखत एगो सलाह जारी कइले बा। अपील करत उ कहलस कि पिछला 36 घंटा से लगातार बरखा हो रहल बा। शनिचर के दिने भारी बरखा आ गरज के संभावना बा। अइसना में जदि कवनो महत्वपूर्ण काम नइखे तऽ लोग के घर से बाहर ना आवे के चाहीं। एकरा संगे-संगे बरखा से होखेवाला पानी के जल निकासी के व्यवस्था करे में भी सहयोग करीं।

Advertisement

अपर जिला मजिस्ट्रेट विनीत कुमार सिंह शहर के लोग से इ अपील कईले बाड़े।

बेहद गर्मी के बाद अचानक मौसम में बदलाव भइल। एकरा चलते तीन दिन में अधिकतम तापमान 12 डिग्री सेल्सियस से जादे गिर गइल बा। मौसम में भउऽल ए बदलाव से लोग के स्वास्थ्य प असर पड़ता।

लोग संक्रमण के शिकार हो रहल बाड़े। एकरा चलते बोखार, सर्दी अवुरी खांसी से पीड़ित मरीज के संख्या बढ़ल बा। दिन भर भउऽल भारी बरखा के चलते शुक के मौसम सुखद रहल। मौसम विभाग बतवलस कि साँझ ले 100.2 मिमी बरखा भइल।

सितंबर में अधिकतम आ न्यूनतम तापमान सामान्य से ऊपर रहला का चलते एक पखवाड़ा ले नम गर्मी से लोग परेशान रहले।

23 सितंबर के अधिकतम तापमान 37.4 डिग्री सेल्सियस दर्ज भइल रहे। जवन कि पिछला 30 साल में सितंबर में सबसे अधिका रहल जवना में सामान्य से 5.6 डिग्री सेल्सियस से अधिका तापमान रहल। 24 सितंबर के दूसरा दिन अधिकतम तापमान 37.1 डिग्री सेल्सियस दर्ज भइल।

इहो सामान्य से 5 डिग्री सेल्सियस अधिका रहे। हालांकि ओही दिन दुपहरिया में मौसम बदल गइल। इलाका के ढंकल बादल आ पूरब के तेज हवा बहला का चलते मौसम सुखद हो गइल। एकरा चलते 25 सितंबर के अधिकतम तापमान 32.2 डिग्री सेल्सियस तक पहुंच गइल। बियफे के दिन के तापमान सामान्य से नीचे पहुंच गइल आ 29.9 डिग्री सेल्सियस दर्ज भइल।

Tags :
Advertisement