टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बेगूसराय: सुतल घरी एकही परिवार के तीन लोगन के धारदार हथियार से निर्मम हत्या, एगो के हालत गंभीर…

10:05 AM Aug 10, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

बेगूसराय के बछवाड़ा में अपना घर में सुतल एकही परिवार के तीन लोग के तेज हथियार से हत्या के खबर बा। बता दीं कि एक जने के हालत गंभीर कहल जाता। पुलिस मौका पs पहुंच के मामला के छानबीन में जुटल बिया। चिरंजीवीपुर के वार्ड नम्बर १२ थट्ठा रशीदपुर से ई घटना के सूचना मिल रहल बा।

Advertisement

अपराधी एकही परिवार के तीन लोग के सूतल घरी गला काट दिहलस। ओकरा बाद एसिडो ओह लोग के देह पर डाल देलस। पति, पत्नी अउरी बेटी के मौत हो गइल बा। सात साल के बेटा के हालत गंभीर बतावल जाता।

तीनों लोग के गला काटला के बाद दुनो लोग के चेहरा पऽ तेजाब छिड़कल गइल बा।

मरेवाला के पहचान ठाठा रशीदपुर वार्ड नम्बर १२ चिरंजीवीपुर के नागो महतो के बेटा ४० बरीस के सजीव महतो, उनकर पत्नी संजिता देवी आ उनकर बेटी सपना कुमारी। बता दीं कि ई तीनों के गला काट के हत्या कर दिहल गइल बा। ओकरा बाद चेहरा पs तेजाब छिड़कल गइल बा।

बेटा अंकुश कुमार पs हमला भइल बा आ ओकरो पऽ तेजाब छिड़कल गइल बा, उनकरो हालत गंभीर बतावल जाता। पुलिस लाश के पोस्टमार्टम खातिर सदर अस्पताल भेजे के प्रक्रिया में व्यस्त बिया। इलाका में पूरा तरह से दहशत के माहौल बा। मौका पs स्थानीय गांव के लोग के भीड़ जमा हो गइल बा। सबके मन में एके गो सवाल बा कि ई कइसे भइल आ के कइलस?

साभार - प्रभात खबर

Tags :
Apradh newsBihar crimebihar newsBihar policeCrime CrimeCrime news Biharkhabar bhojpuri khabar bhojpuri news
Advertisement
Next Article