For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

बंगाल बंद के दौरान भाटपाड़ा में बीजेपी नेता पs फायरिंग, समर्थक घायल

10:32 AM Aug 28, 2024 IST | Minee Upadhyay
बंगाल बंद के दौरान भाटपाड़ा में बीजेपी नेता पs फायरिंग  समर्थक घायल
Advertisement

Advertisement

बंगाल बंद के दौरान हिंसा के खबर बा। कई जगह भाजपा अवुरी टीएमसी कार्यकर्ता के आपस में झड़प के खबर बा। भाटपाड़ा में बंगाल बंद के दौरान भारतीय जनता पार्टी के एगो नेता पs गोलीबारी भईल।

भाजपा नेता अर्जुन सिंह आरोप लगवले कि भाटपारा में भाजपा नेता प्रियांगु पांडे के कार पs 6 राउंड फायरिंग भईल। गोलीबारी में कार में सवार भाजपा समर्थक घायल हो गईले। भाजपा समर्थक के नाम रवि सिंह बतावल जाता।

पश्चिम बंगाल बंद के दौरान उत्तर 24 परगना के भाटपारा में भाजपा नेता प्रियांगु पांडे पs हमला के जगह के लगे से पुलिस खाली बम के खोल बरामद कईले बिया। प्रियांगु पांडे दावा कईले कि उत्तर 24 परगना के भाटपारा में आज कई लोग उनुका गाड़ी पs हमला कs फायरिंग कईले।

Tags :
Advertisement