टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Wedding Invitation Scam: व्हाट्सएप पs आई बियाह के कार्ड तs हो जाईं सावधान, बैंक अकाउंट तक हो जाई खाली

01:14 PM Nov 16, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

Wedding Invitation Scam: आजकल तमाम चीज डिजिटल हो रहल बा। एकर असर बियाह के न्योतो पs पड़ल बा। लोग अब डिजिटल न्योता लोगन के भेज रहल बा, बाकिर जइसन कि रउआ जानत बानी कि भारत में जवन कवनो चीज लोकप्रिय हो जाला, ओकरा नाव पs ठगी सुरू हो जाला। अब नया स्कैम वेडिंग इनविटेशन के लेके हो रहल बा। एह स्कैम के लेके साइबर पुलिस लोगन के आगाह कइले बा। आईं एह स्कैम के बारे में विस्तार से जानत बानी...

Advertisement

का हs व्हाट्सएप वेडिंग इनविटेशन स्कैम?

दरअसल लमहर समय से लोग व्हाट्सएप पs डिजिटल इनविटेशन कार्ड भेज रहल बा आ अब साइबर ठग एही के फायदा उठा रहल बा लो। साइबर ठग लोगन के बियाह के डिजिटल न्योता व्हाट्सएप पs भेज रहल बाड़ें, बाकिर वास्तव में ई इनविटेशन कार्ड नइखे, बलूक एगो एपीके माने एंड्रॉयड एप्लिकेशन फाइल बा। आमतौर पs डिजिटल इनविटेशन कार्ड पीडीएफ फाइल में होला, बाकिर साइबर ठग लोगन के इनविटेशन कार्ड के नाव पs एपीके फाइल भेज रहल बा लो जवना पs क्लिक कs के बाद लोगन के फोन में एगो एप इंस्टॉल हो रहल बा इहे एप लोगन के जासूसी कs रहल बा।

राउर फोन के पूरा तरे से कंट्रोल कs सकत बा साइबर ठग

हिमाचल प्रदेश के साइबर क्राइम के डीआईजी, सीआईडी आईपीएस मोहित चावला बतवलें कि "स्कैमर्स अब व्हाट्सएप पs एपीके फाइल के रूप में बियाह के निमंत्रण भेज रहल बा। जब ई फाइल डाउनलोड कइल जाला, तs फोन में मैलवेयर एक्टिव हो जाला। एकरा माध्यम से साइबर अपराधी डिवाइस के पूरा तरे से नियंत्रित कs लेलें सs।" एक बेर मैलवेयर एक्टिव होखला के बाद साइबर स्कैमर्स फोन से मैसेज भेज सकत बा लो, निजी डेटा चुरा सकत बा लो आ इहां तक कि बिना फोन मालिक के जानकारी के ओकरा बैंक अकाउंट में सेंध लगा सकत बा।

व्हाट्सएप वेडिंग इनविटेशन स्कैम से कइसे बचीं?

Tags :
Bhojpuri NewsCyber FraudTech FraudWedding InvitationWedding Invitation Scam
Advertisement
Next Article