टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bhagalpur News: भागलपुर में 3 गो क्रिमिनल गिरफ्तार, स्पेशल कट्टा आ कारतूस के साथे पुलिस धर दबोचलस 

02:04 PM Jun 21, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Bhagalpur News जगदीशपुर थाना अंतर्गत कमालचक मुस्तफापुर जाए वाला रास्ते पs लोहा पुल पs कट्टा आ तीन कारतूस के साथे तीन गो बदमाश के पुलिस गिरफ्तार कइलस। पुलिस के गुप्त सूचना मिलल रहे की तीन बदमाश लोहा पुल के लगे कवनो घटना के अंजाम देवे के फिराक में हथियार के साथे जुटल बाड़े सन। अब तीनों बदमाशन से पुलिस पूछताछ में जुट गइल बिया।

Advertisement

जगदीशपुर थाना अंतर्गत कमालचक मुस्तफापुर जाए वाला रास्ते पs लोहा पुल पs कट्टा आ तीन कारतूस के साथे तीन गो बदमाश के पुलिस गिरफ्तार कइलस। पुलिस के गुप्त सूचना मिलल रहे की तीन बदमाश लोहा पुल के लगे कवनो घटना के अंजाम देवे के फिराक में हथियार के साथे जुटल बाड़े सन। अब तीनों बदमाशन से पुलिस पूछताछ में जुट गइल बिया।

पुलिस तेजी से कार्रवाई करत थानाध्यक्ष इंस्पेक्टर गणेश कुमार, अवर निरीक्षक रामचंद्र यादव, अमरजीत कुमार, प्रक्ष्यिमान अवर निरीक्षक सुधीर कुमार सिंह सहित सशस्त्र बल के साथे बुध के देर रात में छापेमारी कइले। पुलिस वाहन के देखते आरोपीत युवक भागे लगले सन।

तब पुलिस खदेड़कर तीनो अपराधीयन के गिरफ्तार कऽ लेलस। गिरफ्तारी के बाद पूछताछ कइला पs आरोपित आपन नाम मु. हसनेन ,मु अफताब दुनु पुरैनी आ तीसरका मु इरफान मुस्तफापुर के रहे वाला बतवले। साथही तीनों अपराधी के तलाशी लेला पs एगो कट्टा आ तीन कारतूस पुलिस बरामद कइलस। मामला के बाबत थानाध्यक्ष इंस्पेक्टर गणेश कुमार बतवले कि सुसंगत धारा के तहत केस दर्ज कऽ के आरोपितन के जेल भेज दिहल गइल बा।

 

Tags :
Apradh newsbhagalpur biharbihar newsBihar policeKhabar Bhojpuri News
Advertisement
Next Article