टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bhagalpur News: जनसेवा एक्सप्रेस पऽ पालीटेक्निक परीक्षार्थियन के कब्जा, एसी से लेके जनरल तक में मारामारी

11:21 AM Jun 23, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Bhagalpur News बिहार में भागलपुर जंक्शन पs जनसेवा एक्सप्रेस में अलगे नजारा देखे के मिलल। हमेशा के भांती एह ट्रेन पs परीक्षार्थी कब्जा कऽ लेले। AC जनरल से लेके बाथरूम तक में जगह ना बांचल । रिजर्वेशन वाला यात्रियन के खड़ा होके जाए पड़ल। ट्रेन के कर्मचारी अवैध यात्रियन के उतारे के गुहार लगवले बाकिर एमें उऽ नाकाम रहलें।

Advertisement

भागलपुर से जनसेवा एक्सप्रेस से मुजफ्फरपुर जाए वाला परीक्षार्थियन के लेके टिकट काउंटर, एटीवीएम मशीन से टिकट कटावे आ ट्रेन में भीड़ रहल। एसी से लेके हर कोच में चढ़े खातिर मारामारी मचल रहे। बोगियन में चढ़े के दौरान छात्र धक्का-मुक्की करत रहलें।

शनिचर के दिन रेल यात्रियन खातिर भारी रहल। जनसेवा एक्सप्रेस की सब बोगियन में भीड़ रहल। बोगियन के बाथरूम तक में गोर राखे के जगह ना रहे। परीक्षार्थी एक-दूसरे पs लदल रहले। इस्थिति ई रहल कि जेकर रिजर्वेशन रहे, ओकरो सीट ना मिलल। ओहू लोग के खड़े-खड़े यात्रा करे के पड़ल। उहे, खचाखच भीड़ के कारण 500-600 यात्री ट्रेन में ना चढ़ सकलें।

एसी बोगी में मचल अफरातफरी

एने, एसी बोगी के अटेंडेंट आ मैकेनिक कंट्रोल रूम में भीड़ के वीडियो शेयर कऽ के कोच के अवैध यात्रियन से खाली करावे खातिर सहयोग मंगले, बाकिर ट्रेन रवाना होखे तक कवनो कर्मचारी ना पहुंचलें। एही दौरान अनाउंसमेंट सिस्टम से चेन पुलिंग ना करे के घोषणा होत रहल। शहर में 18 केंद्रन पs डिप्लोमा आ सर्टिफिकेट के प्रतियोगी परीक्षा के आयोजन कइल गइल।

टिकट काउंटरो रहल फुल

जवना में दोसरो जिलन से परीक्षार्थी परीक्षा में शामिल होखे खातिर पहुंचले। परीक्षा छूटला के बाद बाहर से परीक्षा देवे आइल छात्र घरे जाए खातिर ट्रेन धरे खातिर स्टेशन पहुंचले। नियमित यात्रियन के साथे परीक्षार्थियन के भीड़ से जनसेवा में लोगन के दिक्कत भइल। दुपहरिया 2:10 बजे खुले वाली जनसेवा एक्सप्रेस से जाए खातिर टिकट काउंटरो पs भीड़ रहल। इहाँ 10 काउंटर होखला के बादो खाली तीन हो काउंटरे चालू रहे।

Tags :
bhagalpur biharbihar newsKhabar Bhojpuri Newspolytecnic exam biharrailway station
Advertisement
Next Article