For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

छपरा में सबेरे-सबेरे फायरिंग, टहले निकलल जुवक के सीना में मरलें सs गोली; परिवार में मचल कोहराम

11:48 AM May 04, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
छपरा में सबेरे सबेरे फायरिंग  टहले निकलल जुवक के सीना में मरलें सs गोली  परिवार में मचल कोहराम
Advertisement

छपरा के भगवान बाजार थाना रोड इस्थित लालू मोड़ के लगे टहल रहल 40 बरिस के एगो व्यक्ति के गोली मारके हत्या कs दिहल गइल। घटना के अंजाम देला के बाद बाइक सवार बदमाश फरार हो गइलें सs। मृतक के पहचान स्थानीय बृज बिहारी प्रसाद श्रीवास्तव के 40 साल के लईका ओमप्रकाश श्रीवास्तव के रूप में कइल गइल बा। मवका पs पहुंचल पुलिस ममिला के छानबीन में जुट गइल बिया।

Advertisement

सीना में सटाके मारल गइल गोली 

ओहिजा, प्राप्त जानकारी के मोताबिक ओमप्रकाश श्रीवास्तव सुक के सबेरे घर के नजदीक सड़क पs टहलत रहलें। प्रत्यक्षदर्शियन के मोताबिक, एगो बाइक पs सवार दुगो व्यक्ति उनका करीब आइल बा आ बायां तरफ सीना में सटाके गोली मार देले सs। गोली लगला से ऊ ओहिजा गिर गइलें आ मवके पs उनकर मौत हो गइल।

अस्पताल में हो गइल मौत

हालांकि, परिवार वाला उनका के सदर अस्पताल ले गइल, जहां डॉक्टर उनका के मृत घोषित कs दिहल लो। एह घटना के सूचना मिलला के बाद भगवान बाजार थाना के पुलिस मवका पs पहुंचल आ ममिला के छानबीन में जुट गइल। घटना के अंजाम देला के बाद एगो बाइक पs सवार दुनो बदमाश आसानी से फरार हो गइल लो।

घटना के कारणन के अभी पता नइखे चल सकल। पुलिस कावर से सब बिंदुअन पs जांच पड़ताल कइल जा रहल बा। भगवान बाजार थानेदार बतवलें कि एकर सघन जांच कइल जा रहल बा। ओहिजा, घटना में संलिप्त बदमाशन के गिरफ्तारी खातिर छापेमारी कइल जा रहल बा। आसपास के सीसीटीवी फुटेज के खंगालल जा रहल बा।

साभार: दैनिक जागरण

Tags :
Advertisement