टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

27.50 रुपए किलो में मिली भारत आटा: केंद्रीय मंत्री पीयूष गोयल आज लॉन्च करी, चना दाल 60 रुपिया किलो में बेच रहल बिया सरकार

01:24 PM Nov 06, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

बढ़त महंगाई से आम जनता के राहत देवे खातिर केंद्र सरकार भारत आटा लेके आइल बिया। केंद्रीय उपभोक्ता मामले, खाद्य आ सार्वजनिक वितरण मंत्री, पीयूष गोयल आज दुपहरिया 2 बजे सब्सिडी वाला 'भारत आटा' लॉन्च करिहें। एह आटा के कीमत 27.50 प्रति किलो तय कइल गइल बा।

Advertisement

एकरा के नेशनल एग्रीकल्चरल कोऑपरेटिव मार्केटिंग फेडरेशन ऑफ इंडिया लिमिटेड (NAFED), नेशनल कोऑपरेटिव कंज्यूमर्स फेडरेशन ऑफ इंडिया (NCCF), सफल, मदर डेयरी, आ आउर कोआपरेटिव जइसे सहकारी संस्थानन के माध्यम से उपलब्ध करावल जाई।

गेहूं के लगातार बढ़त कीमत के वजह से लिहल गइल फैसला

बाजार में गैर-ब्रांडेड आटा के खुदरा कीमत 30-40 रुपिया किलो बा तs ब्रांडेड आटा 40-50 रुपिया प्रति किलोग्राम पs बिक रहल बा। गेहूं के लगातार बढ़त कीमत के वजह से त्योहारी सीजन में आटा के कीमत में तेजी के देखत सरकार सस्ता दाम पs आटा बेचे के फैसला कइल गइल बा।

सस्ता में पियाज आ दाल बेच रहल बिया सरकार

प्याज के बढ़ल कीमतन से कंज्यूमर्स के राहत देवे खातिर सरकार ₹25 किलो के रेट से पियाज बेच रहल बिया। नेशनल कोऑपरेटिव कंज्यूमर्स फेडरेशन ऑफ इंडिया माने NCCF आ नेफेड ₹25 किलो के रेट से बफर पियाज पहिलही से बेच रहल बिया।

NCCF 20 राज्यन के 54 शहरन में 457 रिटेल स्टोर्स पs सब्सिडाइज्ड रेट पs पियाज बेच रहल बिया। जबकि नेफेड 21 राज्यन के 55 शहरन में 329 रिटेल स्टोर्स पs डिस्काउंटेड रेट पs पियाज बेच रहल बिया। ओहिजा केंद्रीय भंडार बीतल सुक से दिल्ली-NCR में पियाज के रिटेल सेल अपना आउटलेट्स से सुरू कs देले बा। एकरा अलावे सरकार 60 रुपिया प्रति किलो के भाव पs भारत दाल (चना के दाल) उपलब्ध करा रहल बिया।

Tags :
Bharat AataBhojpuri NewsNAFEDNCCFpiyush goyel
Advertisement
Next Article