For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

सामाजिक चेतना के राष्ट्रीय फलक पs पहुंचवलें भिखारी ठाकुर; जयंती पs भइल विचार गोष्ठी के आयोजन 

10:22 AM Dec 19, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
सामाजिक चेतना के राष्ट्रीय फलक पs पहुंचवलें भिखारी ठाकुर  जयंती पs भइल विचार गोष्ठी के आयोजन 
Advertisement

गोरखपुर। भोजपुरी के शेक्सपियर आ नट सम्राट भिखारी ठाकुर के जयंती पs भोजपुरी खातिर समर्पित संस्था यायावरी वाया भोजपुरी के तरफ से सोमार के एगो विचार गोष्ठी के आयोजन कइल गइल। एकर संजीव प्रसारण यायावरी वाया भोजपुरी के फेसबुक पेज से भइल।

Advertisement

वक्ता के रूप में भोजपुरी के समर्थ रचनाकार अजय यादव आ गीतकार, कवि आउर नाटककार आदित्य राजन आपन बात राखल। एह दौरान भिखारी ठाकुर के सामाजिक चेतना, स्त्रियन के पीड़ा, दलित विमर्श के लेके कइल गइल प्रयासन पs चरचा भइल। दुनू वक्ता एह बात पs बल दिहल लो कि भिखारी ठाकुर सामाजिक चेतना के राष्ट्रीय फलक तक पहुंचवलें।

गोष्ठी के संचालन सुधीर कुमार मिश्र कइलें। एह दौरान गौरव मणि त्रिपाठी, श्वेता आ मिनी मवजूद रहल लो।

Tags :
Advertisement