For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

पटना से भोजपुरी गायक संतोष रेणु गिरफ्तार: छपरा गोलीकांड पs देले रहे विवादित बयान

08:44 AM May 29, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
पटना से भोजपुरी गायक संतोष रेणु गिरफ्तार  छपरा गोलीकांड पs देले रहे विवादित बयान
Advertisement

पटना से भोजपुरी गायक संतोष रेणु के छपरा पुलिस मंगर गिरफ्तार कs लेले बिया। संतोष सोशल मीडिया पs छपरा गोलीकांड के लेके विवादित बयान देले रहे तब से पुलिस के ओकर तलाश रहे। पुलिस संतोष के गिरफ्तार कs के छपरा ले गइल बिया।

Advertisement

संतोष रेणु यादव भोजपुरी गायक हs। ओकरा के आरजेडी से जुड़ल बतावल जा रहल बा। छपरा पुलिस पटना पुलिस के मदद से सिपारा 70 फीट इस्थित घर से ओकरा के गिरफ्तार कइले बिया।

संतोष का कहले रहे?

भोजपुरी गायक सारण से वर्तमान सांसद आ बीजेपी प्रत्याशी राजीव प्रताप रूडी के अपशब्द कहले रहे। उनकर मुंह तुड़े के धमकी देले रहे। संगही छपरा गोलीकांड पs कहले रहे कि संविधान बचावे खातिर जेतना शहादत देवे के होई हमनी के देम सs। हम आ हमरा समाज के लोग सीना टाइट कs के खड़ा बा।

धमकी देवे के आरोप

ओहिजा, संतोष रेणु यादव पs राजीव प्रताप रूडी जान से मारे के धमकी देवे के आरोप लगवले रहस। गौर करे आला बात बा कि सारण में 20 मई के मतदान के भड़कल हिंसा में चलल गोली से एगो जुवक के मौत हो गइल रहे। एकरा बाद जिला में पहिले दु दिन आ फेर अगिला दु दिन खातिर इंटरनेट बंद कs दिहल गइल रहे। एही गोलीकांड के बाद चुनाव आयोग सारण एसपी गौरव मंगला के चुनाव आयोग तबादला कs दs देले रहे।

साभार: दैनिक भास्कर

Tags :
Advertisement