For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

भोजपुरी सुपरस्टार Pawan Singh के बगावत पड़ल भारी! चुनाव के बीच गिरल गाज, फाइनल वार्निंग के बाद BJP लेलस बड़ एक्शन

11:48 AM May 22, 2024 IST | Sonu Kishor
भोजपुरी सुपरस्टार pawan singh के बगावत पड़ल भारी  चुनाव के बीच गिरल गाज  फाइनल वार्निंग के बाद bjp लेलस बड़ एक्शन
Advertisement

Bihar Politics पवन सिंह के बगावत भारी पड़ गइल बा। चुनाव के बीच भाजपा भोजपुरी सुपरस्टार के खिलाफ बड़ एक्शन लेले बा। बता दी कि पवन सिंह काराकाट सीट से निर्दलीय प्रत्याशी के रूप में चुनाव लड़ रहल बाड़े। इहाँ से एनडीए कैंडिडेट उपेन्द्र कुशवाहा पर्चा भरले बाड़े। पवन सिंह भाजपा के सदस्य रहले। काफी समय से पार्टी आ पवन सिंह के बीच विवाद चलत रहे।

Advertisement

काराकाट (Karakat Lok Sabha Seat) में 1 जून को मतदान होखे के बा। एकरा से पहिले भोजपुरी फिल्मों के पावर स्टार आ काराकाट सीट से निर्दलीय प्रत्याशी पवन सिंह (Pawan Singh) के बड़ झटका लागल बा। भाजपा (BJP) पवन सिंह पs बड़ एक्शन लेले बा। बीजेपी पवन सिंह के पार्टी से निष्काषित कऽ देले बिया।

भाजपा के ओर से एह संबंध में एगो पत्र जारी कइल गइल बा। एमें कहल गइल बा कि लोकसभा चुनाव में पवन सिंह एनडीए के अधिकृत प्रत्याशी के विरुद्ध  चुनाव लड़ रहल बाड़े। ई काम दल विरोधी बा। एकरा से पार्टी के छवि घूमिल भइल बा आ पार्टी अनुशासान के विरुद्ध  ई काम भइल बा।

उपेन्द्र कुशवाहा के खिलाफ चुनाव लड़ रहल बाड़े पवन सिंह

आगे लिखल गइल बा कि रउआ दल विरोधी एह काम खातिर माननीय प्रदेश अध्यक्ष जी के आदेशानुसार पार्टी से निष्कासित कइल जाता। ई पत्र अरविंद शर्मा के ओर से जारी कइल गइल बा। बता दी कि पवन सिंह काराकाट सीट से चुनाव लड़ रहल बाड़े। ई सीट एनडीए में उपेन्द्र कुशवाहा के खाता में गइल बा।

पवन सिंह के भाजपा के ओर से लगातार वार्निंग दिहल जात रहे। भाजपा के तमाम नेता लगातार ई कहत रहले कि पवन सिंह या तऽ मैदान से पीछे हट जास भा पार्टी छोड़ देस। अंत में भाजपा के ओर से ई कार्रवाई भइल।

पवन सिंह के भाजपा पहिले पश्चिम बंगाल के आसनसोल से टिकट देले रहे, बाकिर निजी कारन के हवाला देत घरी भोजपुरी सुपरस्टार टिकट वापस कऽ देले। एकरा बाद, उऽ काराकाट से निर्दलीय प्रत्याशी के रूप में चुनाव लड़े के घोषणा कइले।

Tags :
Advertisement