For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

यूपी न्यूज़: वाराणसी में काशी विश्वनाथ मंदिर के लगे मांस के दुकानन पs बड़ कार्रवाई, 26 गो शॉप सील, नाहीं बेच सकिहें मीट

12:22 PM Mar 02, 2024 IST | Minee Upadhyay
यूपी न्यूज़  वाराणसी में काशी विश्वनाथ मंदिर के लगे मांस के दुकानन पs बड़ कार्रवाई  26 गो शॉप सील  नाहीं बेच सकिहें मीट
Advertisement

वाराणसी : यूपी के वाराणसी के काशी विश्वनाथ मंदिर परिसर से बड़ खबर सामने आईल बा। मंदिर के 2 किलोमीटर के इलाका में मांस ना बिकाई। नगर निगम २६ गो मांस के दोकान भी सील करवले बा । कार्रवाई करत नगर निगम वाराणसी शहर के बेनियाबाग इलाका के न्यू रोड में 26 गो मांस आ मुर्गी के दुकान बंद कर दिहले बा।

Advertisement

पूरा मामिला का बा?

पिछला महीना नगर निगम सदन से एगो प्रस्ताव पारित भइल रहे जवना में श्री काशी विश्वनाथ मंदिर क्षेत्र से दू किलोमीटर के त्रिज्या में संचालित मांस आ मुर्गी के दुकान बंद करे के आदेश दिहल गइल रहे। ओह पारित संकल्प आदेश के पालन करत पशु चिकित्सा अधिकारी डॉ. अजय प्रताप सिंह पिछला हफ्ता बेनियाबाग आ न्यू रोड इलाका में मांस आ मुर्गी के दुकानन के निरीक्षण कइलन।

निरीक्षण के दौरान पता चलल कि चिन्हित 26 दोकानदार खाद्य सुरक्षा विभाग अवुरी नगर निगम वाराणसी से कवनो आपत्ति तक ना लेले रहले। निरीक्षण के बाद पशु चिकित्सा अधिकारी के ओर से पछिला सप्ताह सभ दोकानदार के दोकान बंद करे के नोटिस जारी कईल गईल। बाकीर फेर से दोकान लगातार चलत रहे। एही क्रम में आजु पशु चिकित्सा अधिकारी के नेतृत्व में अतिक्रमण विभाग आ प्रवर्तन टीम के मदद से बेनियाबाग आ न्यू रोड इलाका के 26 गो दुकान बंद कs दिहल गइल।

Tags :
Advertisement