For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

CM केजरीवाल के बड़ झटका, SC अंतरिम जमानत बढ़ावे के याचिका पऽ सुनवाई से कइलस इनकार

11:50 AM May 28, 2024 IST | Sonu Kishor
cm केजरीवाल के बड़ झटका  sc अंतरिम जमानत बढ़ावे के याचिका पऽ सुनवाई से कइलस इनकार
Advertisement

सीएम केजरीवाल के स्वास्थ्य जांच खातिर अंतरिम जमानत के 7 दिन बढ़ावे के मांग वाली याचिका पs तुरंत सुनवाई से इनकार कऽ देलस। सीएम केजरीवाल के ओर से पेश वकील अभिषेक सिंघवी बेंच पूछलस कि पिछला हफ्ते जब मुख्य पीठ के न्यायाधीश न्यायमूर्ति दत्ता बइठल रहले तऽ केजरीवाल के याचिका के उल्लेख काहे ना कइल गइल।

Advertisement

मनी लॉन्ड्रिंग मामला में दिल्ली के सीएम अरविंद केजरीवाल (CM Arvind Kejriwal) के आज सुप्रीम कोर्ट से झटका लागल बा। सीएम केजरीवाल के स्वास्थ्य जांच खातिर अंतरिम जमानत के 7 दिन बढ़ावे के मांग वाली याचिका पs तुरंत सुनवाई से इनकार कऽ दिहल गइल।

जस्टिस ए एस ओक के अध्यक्षता वाली बेंच एह मामला पs सुनवाई कइलस। बेंच कहलस कि CJI अंतरिम जमानत बढ़ावे खातिर सीएम केजरीवाल के याचिका के सूचीबद्ध करे पs उचित निर्णय लीहें काहेकि मुख्य मामला में फैसला सुरक्षित बा।

कोर्ट याचिका के लेके पूछलस सवाल

अदालत याचिका दायर करे में देरी के लेके सवाल खड़ा कइलस। सीएम केजरीवाल के ओर से पेश वकील अभिषेक सिंघवी से बेंच पूछलस कि पिछिलका हफ्ता जब मुख्य पीठ के न्यायाधीश न्यायमूर्ति दत्ता बइठल रहले तऽ केजरीवाल के याचिका के उल्लेख काहे ना कइल गइल।

Tags :
Advertisement