टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

विधायक नीरज बसोया आ नसीब सिंह देले पार्टी से इस्तीफा; पत्र भेजके बतवले वजह

10:50 AM May 01, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Loksabha election: लोकसभा चुनाव खातिर दिल्ली में पहिला वोट पड़े से पहिले कांग्रेस नेता लो के असंतोष खुल के सोझा आ रहल बा। ताजा मामला में कांग्रेस के पूर्व विधायक नीरज बसोया आ नसीब सिंह पार्टी के सदस्यता से इस्तीफा दे देले। उऽ इस्तीफे के वजह लोकसभा चुनाव में आम आदमी पार्टी के साथे गठबंधन के बतवले हऽ। एकरा से पहिले अरविंदर सिंह लवली  दिल्ली कांग्रेस अध्यक्ष पद से इस्तीफा देले रहले।

Advertisement

उऽ पत्र लिख के पार्टी आलाकमान के अपना इस्तीफा के वजह बतवले हऽ। एकरा से पहिले शनिचर के देर रात अरविंदर सिंह लवली दिल्ली कांग्रेस अध्यक्ष पद से इस्तीफा देले रहले। उऽ इस्तीफे में आप से गठबंधन आ कन्हैया कुमार आ उदित राज के प्रत्याशी बनइला पs नाराजगी जतवले हऽ।

पत्र में बतवले इस्तीफा के वजह

उऽ इस्तीफा में लिखले, "आम आदमी पार्टी (आप) के साथे कांग्रेस पार्टी के गठबंधन बेहद अपमानजनक बा, क्योंकि आम आदमी पार्टी पिछला 7 बरिसन में कई गो घोटाला से जुड़ल बिया। आप के शीर्ष तीन नेता- अरविंद केजरीवाल, सत्येन्द्र जैन आ मनीष सिसोदिया पहिलही से जेल बा। आम आदमी पार्टी पs दिल्ली शराब घोटाला आ दिल्ली जल बोर्ड घोटाला जइसन गंभीर भ्रष्टाचार के आरोप बा।

दिल्ली में 25 मई के होई मतदान 

बता दी कि दिल्ली में अबकि बेर लोकसभा चुनाव में कांग्रेस आ आम आदमी पार्टी गठबंधन में चुनाव लड़ रहल बिया। एकरा के लेके कांग्रेस नेता आ कार्यकर्ता के असंतोष खुल के सामने आ रहल बा। एह गठबंधन के तहत आप के चार आ कांग्रेस के हिस्सा में तीन गो सीट आई बा। दिल्ली के सब सीटन पs 25 मई के मतदान होई जबकि नतीजा 4 जून के आई।

Tags :
Aam Aadmi partyCongressCongress CandidateCongress LeadersDelhi Congress
Advertisement
Next Article