For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Elon Musk के पाकिस्तान से बड़हन झटका, पाकिस्तान एक्स प रोक लगा दिहलस, कारण जानीं

11:43 AM Apr 18, 2024 IST | Raj Nandani
elon musk के पाकिस्तान से बड़हन झटका  पाकिस्तान एक्स प रोक लगा दिहलस  कारण जानीं
Advertisement

पाकिस्तान एलान मस्क के सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स प रोक लगा दिहले बा । पाकिस्तानी यूजर पछिला दु महीना से एक्स (ट्विटर) तक नइखन पहुंच पावत।

Advertisement

पाकिस्तान में एक्स (ट्विटर) प रोक : पाकिस्तान में एलान मस्क के सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पर रोक लगा दिहल गइल बा । एह साल पाकिस्तान में भइल आम चुनाव का बाद से यूजर एक्स के एक्सेस नइखे कर पावत । पाकिस्तान सरकार अब मस्क के सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म प अस्थायी रोक लगा देले बिया। पाकिस्तान सरकार राष्ट्रीय सुरक्षा के हवाला देत एक्स प इ रोक लगा देले बिया।

राइटर्स के रिपोर्ट के मुताबिक, फरवरी 2024 से पाकिस्तान में ट्विटर (एक्स) काम नइखे करत। सरकार के ओर से लगावल इ प्रतिबंध सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म के लंबा समय तक निलंबन के पुष्टि करता। बहुत यूजर वीपीएन (वर्चुअल प्राइवेट नेटवर्क) के माध्यम से एक्स प रोक लगावे के पुष्टि भी कइले बाड़े।

एह साल फरवरी में बहुते पाकिस्तानी यूजर दोसरा सोशल मीडिया प्लेटफार्मन पर एक्स के इस्तेमाल ना करे के समस्या साझा कइले रहले । रिपोर्ट के मुताबिक पाकिस्तान सरकार के आतंरिक मामिला के मंत्री कोर्ट में हलफनामा दाखिल क के एक्स प रोक लगावे के पुष्टि कइले बाड़े। हालांकि, सरकार के ओर से एक्स प रोक लगावे के कवनो आधिकारिक घोषणा नइखे भइल।

 सुरक्षा के कारण बतावल गइल बा

पाकिस्तानी कोर्ट में दायर हलफनामे में सरकार ने कहा,'यहां यह उल्लेख करना बहुत प्रासंगिक है कि पाकिस्तान सरकार के वैध निर्देशों का पालन करने और अपने मंच के दुरुपयोग के संबंध में चिंताओं को दूर करने में ट्विटर/एक्स की विफलता के कारण प्रतिबंध लगाना आवश्यक हो गइल ।' एक्स अभी तक ए मामला में कवनो बयान नइखे जारी कइले।

 फरवरी से यूजर चिंतित बाड़े

पाकिस्तान में 8 फरवरी के भइल आम चुनाव के दौरान उहाँ के सरकार बहुत सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म के ब्लॉक क देलस। मतदान के दिन पूरा पाकिस्तान में इंटरनेट सेवा भी बंद हो गइल रहे। हालांकि चुनाव के बाद बहुत सोशल मीडिया प्लेटफार्म पहिले निहन काम करे लागल लेकिन एक्स यूजर एकरा तक ना पहुंच पवले। पाकिस्तान के सिंध हाईकोर्ट भी ओहिजा के दूरसंचार प्राधिकरण के सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स के सेवा बहाल करे के आदेश देले रहे, बाकी सरकार फेर से एक्स के सेवा बहाल नइखे कइले। अब सरकार अदालत में हलफनामा दाखिल क के एक्स के राष्ट्रीय सुरक्षा खातीर खतरा बतवले बिया।

Tags :
Advertisement