For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

बिहार में जदयू के बड़ झटका, पूर्व मंत्री अली अशरफ फातमी के इस्तीफा; राजद में शामिल हो जइहें

04:27 PM Mar 19, 2024 IST | Raj Nandani
बिहार में जदयू के बड़ झटका  पूर्व मंत्री अली अशरफ फातमी के इस्तीफा   राजद में शामिल हो जइहें
Advertisement

पूर्व मंत्री अली अशरफ फातमी जदयू से इस्तीफा दे दिहले बाड़न । फातमी जदयू के सभ पद से इस्तीफा दे देले बाड़नऽ। एकरा संगे-संगे उ पार्टी के प्राथमिक सदस्यता से भी इस्तीफा दे देले बाड़नऽ।

Advertisement

पटना : लोकसभा चुनाव से पहिले एनडीए गठबंधन के संगे चुनाव लड़े वाली जदयू के बड़ झटका लागल बा। इहाँ जदयू नेता अली अशरफ फातमी पार्टी से इस्तीफा दे देले बाड़नऽ। मानल जाता कि काल्ह अली अशरफ फातमी राजद में शामिल हो सकऽ तारे। बता दीं कि फातमी केंद्रीय मंत्री रहल बाड़न । इस्तीफा देवे के संगे-संगे फातमी एगो चिट्ठीयो लिखले बाड़न। एहमें ऊ लिखले बाड़न कि "नैतिक मूल्यन के रक्षा खातिर हम प्राथमिक सदस्य का संगे जनता दल यूनाइटेड के सगरी पद से इस्तीफा दे रहल बानी । रउरा सभे एकरा के स्वीकार करीं ।"

Tags :
Advertisement