For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

69 हजार शिक्षकन के बहाली में बड़ फैसला : हाईकोर्ट मेरिट लिस्ट रद्द कर दिहलस, नया लिस्ट बनावे के आदेश दिहलस

08:53 PM Aug 16, 2024 IST | Raj Nandani
69 हजार शिक्षकन के बहाली में बड़ फैसला   हाईकोर्ट मेरिट लिस्ट रद्द कर दिहलस  नया लिस्ट बनावे के आदेश दिहलस
Advertisement

इलाहाबाद हाईकोर्ट अपना फैसला में सरकार के निर्देश देले बा कि तीन महीना के भीतर एगो नाया सूची तैयार कइल जाए, जवना में बेसिक एजुकेशन नियम आ आरक्षण के नियम के पालन कइल जाई।

Advertisement

इलाहाबाद हाईकोर्ट के डबल बेंच 69 हजार शिक्षक के बहाली में बड़ फैसला देले बिया आ पूरा मेरिट लिस्ट रद्द कs देले बिया।

ए मामिला में कोर्ट सरकार के तीन महीना में एगो नाया मेरिट लिस्ट जारी करे के आदेश देले बिया, जवना में आरक्षण के नियम आ बुनियादी शिक्षा के नियम के पालन कइल जाता।

बता दीं कि बहाली प्रक्रिया के दौरान आरोप लगावल गइल कि 19 हजार पद पs आरक्षण के नियम के पालन ना भइल। ओबीसी श्रेणी में 27 प्रतिशत के जगह मात्र 3.86 प्रतिशत आरक्षण आ अनुसूचित जाति के उम्मीदवार के 21 प्रतिशत के जगह 16.2 प्रतिशत आरक्षण दिहल गइल। हालांकि सरकार कहले रहे कि बहाली नियम के मुताबिक होई। अब कोर्ट नया सूची जारी करे के आदेश दे दिहले बिया ।

Tags :
Advertisement