For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

बड़ राहत : गोरखपुर के रास्ता तीन फेरा लगाई आनंदविहार-जोगबनी स्पेशल

01:17 PM Sep 09, 2024 IST | Sonu Kishor
बड़ राहत   गोरखपुर के रास्ता तीन फेरा लगाई आनंदविहार जोगबनी स्पेशल
Advertisement

आवे वाला महोत्सव में यात्रियन के अतिरिक्त भागदौड़ के ध्यान में राखत रेल प्रशासन आनंद विहार टर्मिनस-जोगबनी-आनंद विहार टर्मिनस स्पेशल ट्रेन के तीन यात्रा खातिर चलावे के अनुमति दे दिहले बा। ई 29 अक्टूबर, 5 आ 12 नवंबर के आनंद विहार टर्मिनस से आ 31, 7 आ 14 अक्टूबर के जोगबनी से चली।

Advertisement

सीपीआरओ पंकज कुमार सिंह बतवले कि हर मंगर के इ ट्रेन आनंद विहार टर्मिनस से रात 11:45 बजे रवाना होई। गाजियाबाद, मुरादाबाद, बरेली कैंट, सीतापुर, गोंडा, बस्ती होत गोरखपुर चहुँप जाई। एकरा अलावे 31 अक्टूबर, 7 अवुरी 14 नवंबर गुरुवार के 09:00 बजे जोगबनी से रवाना होई।

इ ट्रेन गोरखपुर से रात के 11:20 बजे चली। एह ट्रेन में कुल 21 गो कोच लगावल जाई जवना में 16 गो स्लीपर क्लास, दू गो साधारण सेकेंड क्लास, एगो वातानुकूलित सेकेंड कम थर्ड क्लास आ दू गो एसएलआर शामिल बा।

Tags :
Advertisement