For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

केजरीवाल के बड़ राहत, ना कम होई आ नाहीं हटावल जाई सुरक्षा

10:36 AM Sep 28, 2024 IST | Sonu Kishor
केजरीवाल के बड़ राहत  ना कम होई आ नाहीं हटावल जाई सुरक्षा
Advertisement

पूर्व मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के जेड प्लस सुरक्षा वापस ना लिहल जाई। एकरा संगे-संगे मुख्यमंत्री अतिशी के कमांडो, कुछ पुलिसकर्मी आ एस्कॉर्ट कार दिहल गइल बा। दिल्ली पुलिस उनका सुरक्षा के लेके केंद्रीय गृह मंत्रालय के चिट्ठी लिखले बिया।

Advertisement

दिल्ली पुलिस के एगो वरिष्ठ अधिकारी बतवले कि केजरीवाल के जान खतरा में बा। उनका के कई बेर धमकी मिलल बा। मई में मेट्रो में मुख्यमंत्री के जान से मारे के धमकी देवे वाला पोस्टर लगावल गइल रहे।

ओह घरी आम आदमी पार्टी एगो प्रेस कांफ्रेंस कऽ के धमकावे के दावा करे वाला पोस्टर देखावत रहे। एकरा से पहिले जनवरी में केजरीवाल के 100 नंबर पs जान से मारे के धमकी दिहल गइल रहे। हालांकि पुलिस ठीक अगिला दिने आरोपी के पकड़ लेलस।

केजरीवाल के जान के खतरा के लेके इनपुट जारी बा। अइसना में केजरीवाल के जेड प्लस के सुरक्षा ना तऽ कम होई, ना हटावल जाई।

मुख्यमंत्री अतिशी के अबहीं तक केंद्रीय गृह मंत्रालय के ओर से सुरक्षा नइखे दिहल गइल। फिलहाल एक कमांडो, कुछ पुलिसकर्मी आ एस्कॉर्ट कार दिहल गइल बा। पुलिस सुरक्षा इकाई के एगो वरिष्ठ अधिकारी बतवले कि मुख्यमंत्री के अबहीं तक सुरक्षा नइखे दिहल गइल। पुलिस केंद्रीय गृह मंत्रालय के चिट्ठी लिख के ओ लोग के सुरक्षा देवे के मांग कइले बिया।

Tags :
Advertisement