For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

संसद के सुरक्षा में भारी चूक, कार्यवाही के दौरान दर्शक दीर्घा में कूदल शख्स, मचल हड़कंप

10:13 PM Dec 13, 2023 IST | Minee Upadhyay
संसद के सुरक्षा में भारी चूक  कार्यवाही के दौरान दर्शक दीर्घा में कूदल शख्स  मचल हड़कंप
Advertisement

Advertisement

संसद के सुरक्षा में भारी चूक के मामला सोझा आईल बा। आजु संसद भवन पs भइल हमला के बरसी पs लोकसभा के सुरक्षा में बड़हन चूक हो गइल बा। बुध के दिने लोकसभा के कार्यवाही के दौरान दर्शक दीर्घा से दू जने कूद के नीचे उतर गइले। उ आदमी संसद में कुछ स्प्रे भी कईले। एक आरोपी के नाम सागर बतावल जाता। महिला के नाम नीलम बतावल जाता। एकरा चलते लोकसभा के कार्यवाही स्थगित कs दिहल गईल बा। हालांकि बाद में दुनो आरोपी पकड़ा गईले।

पुलिस दुनों के संसद मार्ग थाना ले गईल

बाद में दुनु जने के कुछ सांसद पकड़ लिहले आ ओकरा बाद सुरक्षा बल के सौंप दिहले। एक आदमी तs बेंच पs चढ़ के नारा लगावे लगले। एह घटना से हलचल मच गईल। फिलहाल पुलिस दुनो लोग के संसद मार्ग थाना ले गईल बिया अवुरी ओ लोग से पूछताछ कईल जाता। गिरफ्तार आदमी के नाम सागर अवुरी महिला के नाम नीलम बतावल जाता।

Tags :
Advertisement