For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

गूगल से बड़ अपडेट, स्कैम मैसेज प क्लिक करे से पहिले चेतावनी मिल जाई

12:01 PM Apr 11, 2024 IST | Raj Nandani
गूगल से बड़ अपडेट  स्कैम मैसेज प क्लिक करे से पहिले चेतावनी मिल जाई
Advertisement

गूगल जल्दिए अपना लाखों एंड्रॉयड यूजर खातिर एगो मजबूत सुरक्षा फीचर जारी करे वाला बा। एह फीचर के शुरूआत के बाद मैसेज में मिलल फर्जी भा घोटाला वाला लिंक से बचावल जा सकेला ।

Advertisement

गूगल अपना लाखों एंड्रॉयड यूजर के ऑनलाइन घोटाला के शिकार होखे से बचावे खाती एगो नाया अपडेट जारी करे वाला बा। एह अपडेट के रिलीज के बाद यूजर के फोन प आवे वाला फर्जी लिंक वाला कवनो मैसेज के चेतावनी जारी कइल जाई। संदेश खोले से पहिले उपयोगकर्ता के चेतावनी दिहल जाई कि उ संदेश ना खोलस। पिछला कुछ साल में ऑनलाइन घोटाला आ हैकिंग के मामला तेजी से बढ़ल बा, एहसे टेक कंपनी उपयोगकर्ता के सुरक्षित राखे खाती ए सुरक्षा सुविधा के पेश करे के फैसला कइले बिया।

जल्दिए अपडेट जारी कइल जाई

Piunika web के ओर से जारी रिपोर्ट के मुताबिक, गूगल जल्दिए इ अपडेट जारी क सकता। गूगल अपना मैसेज ऐप में इ फीचर जोड़े वाला बा, जवना के माध्यम से यूजर फोन प आवे वाला मैसेज में कवनो प्रकार के लिंक खोले से पहिले चेतावनी पा सकतारे। एह अपडेट के रिलीज के बाद जइसहीं यूजर गूगल मैसेज में कवनो लिंक वाला मैसेज खोल दिहे, उनका पॉप-अप चेतावनी संदेश मिली। खास तौर प यूजर के अनजान नंबर से आवे वाला मैसेज के चेतावनी दिहल जाई। हालांकि, इ उपयोगकर्ता प निर्भर करी कि उ चेतावनी के स्वीकार करीहे कि रद्द करीहे।

फिलहाल इ फीचर पिक्सेल डिवाइस में देखल जाला। टिप्स्टर के ओर से साझा कइल गइल स्क्रीनशॉट में देखल जा सकता कि जइसे यूजर के कवनो अनजान नंबर से मैसेज मिलेला, ओकरा के खोले से पहिले यूजर के सोझा एगो पॉप-अप स्क्रीन खुल जाला। एह स्क्रीन में यूजर के सूचित कइल जाई कि ई संदेश कवनो अनजान आदमी भेजले बा, माने कि संदेश कवनो अइसन नंबर से आइल बा जवन रउरा संपर्क सूची में मौजूद नइखे।

रउरा के एगो चेतावनी मिल जाई

गूगल अपना पॉप-अप चेतावनी में बता दिही कि कवनो अनजान नंबर से भेजल संदेश आ ओकरा में मौजूद लिंक आपके नुकसान पहुंचा सकता। एकरा खातिर रउरा दू गो विकल्प मिल जाई Continue आ Cancel । जदि रउरा ओह संदेश के अनदेखी करे के बा त रद्द पर क्लिक कर सकीलें । जदि रउरा रिस्क लेके मैसेज देख के लिंक खोलल चाहत बानी त फेर जारी राखीं पर क्लिक कर सकीलें।

Tags :
Advertisement