टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

वंदे भारत आ हमसफर एक्सप्रेस पs आइल बड़ अपडेट, एह कैटेगरी के लोगन खातिर रिजर्व रही सीट; रेलवे बोर्ड लेलस फैसला

10:22 AM May 04, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

वंदे भारत, हमसफर, राजधानी, शताब्दी आ दुरंतो जइसन ट्रेनन में दिव्यांगजन खातिर 2एस, चेयरकार, स्लीपर आ एसी थर्ड में चार-चार सीट/बर्थ आरक्षित रही। भलही एह ट्रेनन में दिव्यांगजन के रियायती किराया के सुविधा उपलब्ध होखे भा ना होखे।

Advertisement

समीक्षा के बाद रेलवे बोर्ड दिव्यांग यात्रियन खातिर सब ट्रेनन में सीट/बर्थ के संख्या निर्धारित कs के आरक्षण खातिर दिशा-निरदेस जारी कs देले बा। ई सुविधा खाली ओह आरक्षण काउंटरन पs उपलब्ध होई, जहां रियायती टिकट बुकिंग के सुविधा बा।

सेंटर फॉर रेलवे इंफॉर्मेशन सिस्टम (क्रिस) ओह ट्रेनन में दिव्यांगजनन के जारी विशिष्ट आईडी कार्ड के सत्यापन करे खातिर सॉफ्टवेयर में जरूरी संशोधन करी, जहां रियायती किराया सुविधा उपलब्ध नइखे।

विशेष रूप से डिजाइन कइल गइल सीट

क्रिस इहो सुनिश्चित करी कि जब कवनो दिव्यांगजन वंदे भारत में टिकट बुक करे तs ओकरा कोच संख्या सी-1, सी-7 आ सी-14 में विशेष रूप से डिजाइन कइल गइल सीट संख्या 40 उपलब्ध करावल जाई। जदि वंदे भारत में दिव्यांगजन टिकट बुक करा लेले बा लो, बाकिर ओकरा अनुरक्षक खातिर निर्धारित एगो भा दुगो सीट खाली बा तs दिव्यांगजन के खाली सीट दिहल जा सकत बा।

ऑनलाइन टिकट बुक करे के सुविधा खाली ओहि दिव्यांगजनन के उपलब्ध होई, जेकरा खातिर रेलवे विशिष्ट आईडी कार्ड जारी कइले बा। काउंटर पs टिकट बुक करे खातिर निर्धारित प्रोफार्मा में रियायती प्रमाणपत्र के प्रति प्रस्तुत कइला पs ई सुविधा उपलब्ध होई।

रेलवे बोर्ड से दिव्यांग यात्रियन खातिर निर्धारित कइल गइल सीट/बर्थ

Tags :
Bhojpuri Newsgorakhpur newsHumsafar Expressindian railwaysRailway BoardVande Bharat Express
Advertisement
Next Article