टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

ढाई साल ले कइले रहली इंतजार.. माइ फाड़ दिहले रहली फोटोज, सुशांत के लेके अंकिता लोखंडे कइली चौंकाए वाला खुलासा

12:00 PM Nov 15, 2023 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

अंकिता लोखंडे टीवी के मशहूर अभिनेत्री में से एक बाड़ी। आजुकाल्हु अंकिता लोखंडे अपना पति विकी जैन के साथे ‘बिग बॉस 17’ में शानदार गेम खेलत लउकत बाड़ी। सोशल मीडिया पs स्वर्गीय सुशांत सिंह राजपूत के बारे में खबर में अंकिता लोखंडे जब से अभिनेत्री ‘बिग बॉस’ के घर में घुसल बाड़ी तब से ऊ रोज सुशांत के जिक्र करत लउकत बाड़ी। एक बेर तs अभिनेता के याद करत भावुक तक हो गईली। एही बीच अंकिता लोखंडे एक बेर फेरु सुशांत के बारे में बात कईले बाड़ी अवुरी उनुका बारे में कुछ चौंकावे वाला खुलासा भी कईले बाड़ी।

 अंकिता-सुशांत एक रात में अलग हो गईले

हाल ही में 'बिग बॉस 17' में अंकिता खुलासा कईले रहली कि सुशांत से उनुकर ब्रेकअप कईसे भईल, अभिनेत्री बतवले रहली कि दुनो लोग के रिश्ता एक रात में खतम हो गईल। उ कहली कि एक दिन उ अचानक हमार जान छोड़ देले। उनुका सफलता मिलत रहे एहसे लोग उनुका के छल करे के कोशिश करत रहले। ए एपिसोड के दौरान अभिनेत्री इहो बतवले रहली कि सुशांत उनुका से ब्रेकअप के कवनो सफाई कबहूँ नईखन देले। हाल के एपिसोड में अभिनेत्री बतवली कि कइसे ब्रेकअप के बाद भी उ ढाई साल तक सुशांत के इंतजार करत रहली।

ढाई साल ले सुशांत के इंतजार रहे

अंकिता कहली- 'सुशांत से अलग होखला के बावजूद सुशांत सिंह राजपूत के 2 साल से ज्यादा इंतजार करत रहली।अंकिता बतवले रहली कि एतना इंतजार कईला के बाद आखिरकार 31 जनवरी के उ अपना जीवन में आगे बढ़े के फैसला कईली।

अंकिता के घर सुशांत के तस्वीर से भरल रहे

अंकिता आगे बतवली कि उनुकर घर उनुका अवुरी सुशांत के फोटो से भरल रहे अवुरी जब उ सुशांत के रिश्ता से आगे बढ़े के सोचली तs सबसे पहिले उ अपना महतारी से बात कईली अवुरी उनुकर सभ फोटो निकालवा देली। ए बात पs बतियावत अंकिता कहली कि हम माई से कहनी कि जब तक उ रहीहे तब तक दोसर केहु भीतर ना आ पाई। फोटो ना डिलीट कइनी, बस माई से बतवनी। हम त बस अपना कमरा के भीतर गईनी, ओकरा बाद माई सुशांत के सब तस्वीर फाड़ देली, इs सब देख के हम ओ रात बहुत रो देनी काहे कि हम जानत रहनी कि इहे रिश्ता के अंत हो गईल। अंकिता आगे बतवली कि 6 महीना बाद विकी जैन उनुका जीवन में अईले। एकरा बाद अंकिता अवुरी विकी जैन के बियाह दिसंबर 2021 में हो गईल।

 

 

Tags :
Ankita LokhandeEntertainmentLatest NewsSushant Singh Rajput
Advertisement
Next Article