टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bigg Boss 18 डबल एविक्‍शन: मुस्कान बामने के बाद नायरा बनर्जी घर से बेघर!

11:59 AM Oct 26, 2024 IST | Sonu Kishor
Bigg Boss 18: मुस्कान बामने
Advertisement

'बिग बॉस 18' से चौंकावे वाला खबर आ रहल बा। एह हफ्ता डबल एलिमिनेशन भइल जवना से हाउसमेट तक के हैरानी हो गइल। हाल के एपिसोड में जहां मुस्कान बामने के घर से निकाल दिहल गइल रहे, उहें अब खबर बा कि नायरा बनर्जी के ए शो से बेदखल कऽ दिहल गइल बा।

Advertisement

बिग बॉस 18 से जुड़ल अपडेट देवे वाला 'बिग बॉस तक' के मुताबिक नायरा बनर्जी के डबल एलिमिनेशन में घर से निकाल दिहल गइल। उनुका के बेदखली खातिर पहिलहीं से नामांकित कइल गइल रहे बाकिर केहू के अंदाजा ना रहे कि डबल एलिमिनेशन हो सकेला। आ जब भइल तऽ एकर दोष नायरा बनर्जी पऽ पड़ल। नायरा 400 जोड़ी कपड़ा लेके बिग बॉस के घर पहुंचल रहली। उनका पूरा भरोसा रहे कि उऽ फाइनल में जरूर चहुँप जइहें। बाकिर उनकर सपना चकनाचूर हो गइल।

डेंजर जोन में रहलीं नायरा बनर्जी, अटकल रहे फैसला

इहो बतावल जा रहल बा कि मुस्कान के बेदखल भइला का बाद नायरा बनर्जी डेंजर जॉन में आ गइल रहली। अनुमान लगावल जात रहे कि मेकर एह हफ्ता उनका बाहर होखे के फैसला ले सकेलें। बाकिर ‘वीकेंड के वार’ के भी इंतजार ना भइल आ नायरा के बेदखल हो गइली।

20 दिन में 3 एलिमिनेशन, अब ई प्रतियोगी घर में बाड़े

‘बिग बॉस 18’ 6 अक्टूबर से शुरू भइल रहे, आ पिछला 20 दिन में 3 गो एलिमिनेशन भइल बा. एहमें मुस्कान आ नायरा का अलावे हेमा शर्मा के नाम शामिल बा। फिलहाल घर में विवियन द्सेना, चहत पांडेय, ऐलिस कौशिक, शिल्पा शिरोडकर, अविनाश मिश्रा, ताजिंदर सिंह बग्गा, करणवीर मेहरा, शेहजादा धामी, रजत दलाल, चूम दरंग आ ईशा सिंह जइसन प्रतियोगी बाड़े।

‘वीकेंड का वार’ में अविनाश आ करणवीर के फटकार 

अब ‘वीकेंड का वार’ में जवना में सलमान खान अविनाश मिश्रा के क्लास देत लउकीहें, उनकर आ चाहत पांडेय के माई के एह शो में देखे के मिली। सलमान करणवीर के डांटत घर के ननद कहलें।

Tags :
big boss 18Big Boss bhojapuri newsBig boss entertainmentEntertainment news bhojpuri
Advertisement
Next Article