टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bigg Boss OTT 3: दिल्ली के 'वड़ा पाव गर्ल' एक दिन के कमाई के कइलस खुलासा, कमाई सुन के उड़ल घरवालन के होश

10:39 AM Jun 22, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Bigg Boss OTT 3:बिग बॉस ओटीटी 3 के शुरुआत हो चुकल बा। होस्ट अनिल कपूर (Anil Kapoor) हर कोई के अनोखा स्टाइल में स्वागत कइलें। एह बेर के सीजन में दु बीवियन वाला अरमान मलिक (Armaan Malik) एंट्री लेले बाड़े तऽ ओहिजा अपना वड़ा पाव खातिर फेमस चंद्रिका गेरा दीक्षितो अपना पर्सनालिटी देखावे खातिर शो में आ चुकल बाड़ी।

Advertisement

बिग बॉस के घर में एह सीजन खातिर कंटेस्टेंट्स के आगमन हो चुकल बा। अनिल कपूर (Anil Kapoor) सब कोई के मजेदार अंदाज में स्वागत कइले। बिग बॉस ओटीटी 3 में इन्फ्लुएंसर विशाल पांडे से लेके टैरो कार्ड रीडर मुनिषा खटवानी तक ले दस्तक देले बाड़ी। एह सीजन के तमाम कंटेस्टेंट्स में एगो कंटेस्टेंट अइसनो, जेकरा गेम प्लान पs सबकर नजर बा।

बिग बॉस' के घर में आइल 'वड़ा पाव गर्ल'

'बिग बॉस ओटीटी 3' में दिल्ली के मशहूर 'वड़ा पाव गर्ल' चंद्रिका गेरा दीक्षित (Chandrika Gera Dixit)  एंट्री लेले बाड़। एह शो के साथही उऽ ओटीटी वर्ल्ड में डेब्यूयो कइले बड़ा। उनका अइला के जानकारी होखते सोशल मीडिया पs कई लोग उनका के ट्रोल कइल शुरू कऽ देलस। फैंस सवाल कइलें कि उऽ अबहीं ले अइसन का कइले बाड़ी कि उनका के शो पs बॉलावल गइल बा।

चंद्रिका कइली पर डे अर्निंग के खुलासा

चंद्रिका अपना जर्नी से लोगन के दिलों में जगह बना पवली कि ना , इ तऽ बाद के बात बा। फिलहाल उऽ अपना पर डे अर्निंग के खुलासा कऽ के लोगन के होश उड़ा देले बाड़ी। चंद्रिका बहुत दिन से दिल्ली के मंगोलपुरी इलाका में वड़ा पाव के रेहड़ी लगवले बाड़ी। बाद में उऽ आपन दुकानो खोल लेली। अब घर के भीतर आवते उऽ बतवली कि एक दिन में उऽ 40 हजार तक के कमाई कऽ लेवेली।

एहिसे स्वीकार कइली बिग बॉस में आवे के ऑफर 

इससे पहले पिंकविला के दिहल इंटरव्यू में चंद्रिका बतवले रहली कि लोग उनका के हमेशा रूड समझेला। बिग बॉस में आवे के इहे मकसद बा कि उऽ सबके अपना पर्सनालिटी से रुबरू करा सकस। उऽ देखावल चाहऽ ताड़ी कि उनका में बेसी इमोशन्स बा। उऽ कहली कि लोग हमरा के खिसियात देखले बा, बाकिर उऽ ई नइखन जानत कि खीस के कारण का बा।

Tags :
#entertainmentnews #bollywoodnewsBig Boss bhojapuri newsbig boss contentsBig boss OTT 3Big Boss tadakaEntertainmentVada pav girl
Advertisement
Next Article