टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Chhatisgarh News: छत्तीसगढ़ में सबसे बड़ मुठभेड़, 31 नक्सलियन के शव बरामद

10:01 AM Oct 05, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
प्रतीकात्मक तस्वीर
Advertisement

छत्तीसगढ़ के नक्सल प्रभावित नारायणपुर आ दंतेवाड़ा जिला के सीमा पs सुरक्षाबलन आ नक्सलियन के बीच भइल मुठभेड़ में मारल गइल नक्सलियन में से अब तक 31 के शव बरामद भइल बा। मवका से बड़ संख्या में ऑटोमेटिक हथियार बरामद कइल गइल बा। अभी सर्च ऑपरेशन जारी बा।

Advertisement

मुठभेड़ दंतेवाड़ा में बारसूर के ग्राम थुलथुली आ नारायणपुर में ओरछा के ग्राम नेंदूर के जंगलन में भइल बा। जानकारी के मोताबिक जवान नक्सलियन के मवजूदगी के सूचना वाला जगह पs पहुंचल लो तs नक्सली गोलीबारी शुरू कs दिहले सs।पुलिस अधिकारी लो बतावल कि घटना के बाद सुरक्षाबल के जवान जवाबी कार्रवाई कइल लो। जवाबी कार्रवाई में 35 से जादे नक्सलियन के मारल जाये के खबर बा। अधिकारी लोग बतावल कि मुठभेड़ में सब जवानन के सुरक्षित होखे के जानकारी मिलल बा। ओहिजा, बतावल जा रहल बा कि नक्सलियन के लगे से एलएमजी राइफल, एके 47 राइफल, एसएलआर राइफल, इंसास राइफल, .303 राइफल बरामद कइल गइल बा।

जवानन के हौसला आ अदम्य साहस के नमन- सीएम

मुठभेड़ के लेके मुख्यमंत्री साय कहलें कि नारायणपुर-दंतेवाड़ा जिला के सीमावर्ती क्षेत्र में सुरक्षाबल के जवानन के नक्सलियन के संगे भइल मुठभेड़ में नक्सलियन के मारल जाये के खबर बा। जवानन के मिलल ई बड़ कामयाबी सराहनीय बा। ओह लोगन के हौसला आ अदम्य साहस के नमन करत बा। नक्सलवाद के खात्मा खातिर सुरू भइल हमनी के लड़ाई अब अपना अंजाम तक पहुंचला के बादे दम ली, एकरा खातिर हमनी के डबल इंजन सरकार दृढ़ संकल्पित बिया। प्रदेश से नक्सलवाद के खात्मा हमनी के लक्ष्य बा।

Tags :
31 naxlas dead body foundBhojpuri Newsbiggest encounterChhatisgarh news
Advertisement
Next Article