टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar : बिहार में 12 करोड़ के पुल उद्घाटन से पहिले गिरल, देखते-देखते नदी में समा गइल पुल

08:30 AM Jun 19, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

बिहार में एक बार फिर से पुल हादसा भइल बा। उद्घाटन से पहिलहीं पुल ध्वस्त होके नदी में समा गइल। घटना अररिया जिला के सिकटी प्रखंड के हऽ।इहाँ करोड़ों के लागत से बकरा नदी के पड़रिया घाट पs बनल पुल अचानक नदी में समा गइल। मंगर दोपहर करीब दू बज के पांच मिनट में ई हादसा भइल। 182 मीटर के पुल कुल तीन हिस्सन में बनल रहे। दु गो पाया के साथे दु हिस्सा नदी में समा गइल। एने, घटना के बाद इलाकन में हड़कंप मच गइल। बतावल जा रहल बा कि एह पुल के निर्माण पहिले बनल पुल के एप्रोच कट जाए के बाद करावल गइल बा। लोगन के आरोप बा कि पुल के निर्माण में घटिया सामग्री के इस्तेमाल कइल गइल रहे एहिसे पुल उद्घाटन से पहले ध्वस्त हो गइल। लोगन के कहनाम बा कि हाले में पुल के एप्रोच पथ के बहाल कऽ के विभाग के ओर कवायद शुरू कइल गइल रहे। बाकिर, ओकरा से पहिले ई हादसा हो गइल। अररिया के सांसद आ विधायक ठेकेदार आ संबंधित अधिकारियन पs कार्रवाई के बात कहलें।

Advertisement

182 मीटर लंबा पुल के निर्माण 2021 में शुरू भइल रहे

अररिया के सिकटी प्रखंड में उद्घाटन से पहिलहीं पुल ध्वस्त हो गइल। प्रधानमंत्री ग्रामीण सड़क निर्माण योजना के तहत बनल एह पुल के लागत 7.79 करोड़ रूपिया रहे। 182 मीटर लंबा एह पुल के निर्माण 2021 में शुरू भइल रहे। शुरुआती दौर में ई 7 करोड़ 80 लाख के लागत के रहे, बाकिर बाद में नदीए धारा बदलला आ एप्रोच सड़क के लेके 12 करोड़ के लागत के हो गइल रहे। ई जून 2023 में बनके तैयार भइल। पुल के दुनु आरी रास्ता ना होखे के कारण एह पs आवागमन ना होत रहे। ग्रामीण  कुल निर्माण में अनियमितता के आरोप लगवले। ग्रामीण के मानल जाव तऽ पिछला दू दिन से पुल के स्लैब में दरार लउकत रहे। मंगलवार के अचानक से भरभराकर पुल गिर गइल। एह पुल के निर्माण केंद्र सरकार के ग्रामीण कार्य विभाग के अंतर्गत पड़ोसी जिला किशनगंज के ठेकेदार सिराजुर्रहमान करवले बाड़े।

विधायक आ सांसद लगवले ई आरोप

एने, पुल हादसा के बाद सांसद प्रदीप कुमार सिंह आ सिकटी भाजपा विधायक विजय कुमार मंडल एकरा के संवेदक आ विभागीय लापरवाही के नतीजा बतवले। सांसद आ विधायक पुल के पाइलिंग में गड़बड़ी बरते जाए के बात करत घरी रात में संवेदक पs गुणवत्ता विहीन काम करे के आरोप लगवले। सांसद मामला के जांच उच्च स्तरीय टीम के साथे करावे के साथे जिम्मेवार संवेदक आ विभागीय अधिकारियन पs कार्रवाई के बात कहलें।

Tags :
Bhojpuri NewsBihar Bridge Collapsebihar newsKhabar Bhojpuri News
Advertisement
Next Article