For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Bihar B.Ed Result OUT: बिहार बीएड संयुक्त प्रवेश परीक्षा के रिजल्ट घोषित, हाजीपुर के प्रीति अनमोल बनली टॉपर

12:51 PM Jul 08, 2024 IST | Sonu Kishor
bihar b ed result out  बिहार बीएड संयुक्त प्रवेश परीक्षा के रिजल्ट घोषित  हाजीपुर के प्रीति अनमोल बनली टॉपर
Advertisement

Bihar B.Ed Result OUT: बिहार बीएड संयुक्त प्रवेश परीक्षा के रिजल्ट जारी हो गइल बा।  दू साल के बीएड आ शिक्षा शास्त्री में नामांकन खातिर एक लाख 89 हजार आठ सौ 44 अभ्यर्थी भाग लेले रहलें। रिजल्ट जारी भइला के बाद काउंसलिंग खातिर ऑनलाइन रजिस्ट्रेशन के प्रक्रिया शुरू हो जाई। ध्यान रहे कि बिना रजिस्ट्रेशन के उम्मीदवार काउंसलिंग में भाग ना ले पइहें।

Advertisement

राज्य स्तर के बीएड संयुक्त प्रवेश परीक्षा के रिजल्ट सोमार के दिने जारी भइल। काल्ह प्रवेश परीक्षा में आवे वाला 1,89,568 परीक्षार्थियन में से 1,80,050 परीक्षार्थी सफलता हासिल कइले बाड़न।

हाजीपुर के उम्मीदवार प्रीति अनमोल 102 अंक लेके राज्य के टॉपर बन गइल बाड़ी। बीएड स्टेट नोडल सेंटर ललित नारायण मिथिला विश्वविद्यालय दरभंगा के कुलपति प्रो. संजय कुमार चौधरी रिजल्ट ऑनलाइन घोषणा कइले।

एह प्रवेश परीक्षा में अधिकतर पुरुष परीक्षार्थी सफलता हासिल कइले बाड़न। प्रवेश परीक्षा में 94,392 पुरुष परीक्षार्थी शामिल भइल रहलें। एमें 91,832 लोग सफलता हासिल कइले बा।एही तरे 95,176 महिला उम्मीदवार में से 88,218 महिला उम्मीदवार सफल भइल बाड़ी। एकरा संगे-संगे दु साल के शिक्षा शास्त्री प्रवेश परीक्षा में शामिल कुल 284 परीक्षार्थी में से 257 परीक्षार्थी सफल भइले।

अब काउंसलिंग के प्रक्रिया शुरू होई

रिजल्ट जारी भइला के बाद अब काउंसलिंग खातिर ऑनलाइन रजिस्ट्रेशन के प्रक्रिया शुरू हो जाई। काउंसलिंग प्रक्रिया में भाग लेवे वाला उम्मीदवार के रजिस्ट्रेशन अनिवार्य होई। बिना रजिस्ट्रेशन के उम्मीदवार काउंसलिंग में भाग ना ले पइहें। काउंसलिंग खातिर रजिस्ट्रेशन अधिका से अधिका 12 गो विश्वविद्यालयन खातिर कइल जा सकेला। आवेदन करे वाला उम्मीदवार के आवंटित बीएड कॉलेज के आवंटन कॉलेज चयन में मेरिट, रोस्टर आ प्राथमिकता के आधार पs होई।

बतावे जुगुत बात बा कि बिहार के 11 शहर के 341 परीक्षा केंद्र में 25 जून के दु साल के बीएड आ शिक्षा शास्त्री में नामांकन खातिर आयोजित प्रवेश परीक्षा में एक लाख 89 हजार आठ सौ 44 परीक्षार्थी भाग लेले रहलें। एमें से 95130 महिला आ 94430 पुरुष परीक्षार्थी परीक्षा में शामिल भइलें। एही समय दरभंगा शहर में शिक्षा शास्त्री के 386 परीक्षार्थियन के परीक्षा केंद्र बनावल गइल। एह परीक्षा में 284 गो परीक्षार्थी आइल रहलें।

बीएड में 37,400 सीट खातिर नामांकन के प्रक्रिया पूरा हो जाई

बिहार के 14 विश्वविद्यालय के कुल 342 बीएड कॉलेज में 37,400 सीट प नामांकन होखे के बा। एमें पांच गो सरकारी, 31 गो संबद्ध, करीब 355 गो निजी, 21 गो अल्पसंख्यक, आठ गो महिला आ एगो पुरुष कॉलेज शामिल बाड़े। सगरी कॉलेजन के सूची वेबसाइट पर उपलब्ध करावल जाई। उम्मीदवार अपना रुचि आ सुविधा का हिसाब से कॉलेज चुन सकेलें। कॉलेज के आवंटन कॉलेज के चयन में मेरिट, रोस्टर आ प्राथमिकता के आधार पs होई।

Tags :
Advertisement