For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Bihar Board Result 2024: जलदिए घोषित होई बिहार बोर्ड इंटरमीडिएट परीक्षाफल, स्क्रूटिनी फॉर्म नतीजा के बाद....

03:58 PM Mar 21, 2024 IST | Sonu Kishor
bihar board result 2024  जलदिए घोषित होई बिहार बोर्ड इंटरमीडिएट परीक्षाफल  स्क्रूटिनी फॉर्म नतीजा के बाद
Advertisement

Bihar Board Result 2024: BSEB के ओर से पहिले कक्षा 12 (Inter) के सब वर्ग कला (Arts) विज्ञान (Science) आ वाणिज्य (Commerce) के नतीजा (Bihar Board Result 2024) एक साथे होली से पहिले घोषित कइल जा सकत बा। एकरा बाद मैट्रिक के नतीजा एही महीना के अंत तले घोषित होई। जदि कवनो छात्र भा छात्रा लो के लागत बा कि उनका लो के उम्मीद से कम मार्क्स मिलल बा तऽ आपन कॉपियन के जाँच (Scrutiny) करवा सकत बा।

Advertisement

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति (BSEB) के ओर से इंटर (आर्ट्स, साइंस आ कॉमर्स) स्ट्रीम के बोर्ड एग्जाम के रिजल्ट जलदिए घोषित कइल जा सकत बा। निश्चित तिथि आ समय के जानकारी खातिर समिति के ओर से सूचना जलदिए जारी कइल जाईं। उहे, परिणाम अइला के बाद नतीजा आ प्राप्तांक जदि उम्मीद से कम आवत बा तऽ परीक्षार्थी लो आपन कॉपियन के स्क्रूटिनी करा सकी। एकरा खातिर ऑनलाइन फॉर्म बोर्ड के ओर से उपलब्ध करावल जाई।

बिहार बोर्ड इंटर आ मैट्रिक नतीजन के तइयारी में जुटल बा। दुनु कक्षा के कुल 25 लाख से अधिक छात्र-छात्रा लो के परीक्षा परिणाम (Bihar Board Result 2024) के इंतजार बा। पिछला बरिस के पैटर्न के अनुसार बिहार विद्यालय परीक्षा समिति (BSEB) के ओर से पहिले कक्षा 12 (Inter) के सब वर्ग कला (Arts), विज्ञान (Science) और वाणिज्य (Commerce) के नतीजा एक साथ घोषित कइल जाई। प्राप्त जानकारी के अनुसार बिहार बोर्ड 12वीं के रिजल्ट होली से पहिले जारी कर दिहल जाई। एकरा बाद ए माह के आखिर तले BSEB मैट्रिक परीक्षाफलो घोषित कर दी।

Bihar Board Result 2024: जानी स्क्रूटिनी आ कंपार्टमेंट के फॉर्म के तारीख

BSEB के ओर से निर्धारित तिथि आ समय पऽ इंटर आ मैट्रिक परीक्षा परिणाम (Bihar Board 10th, 12th Result) घोषित कइला के बा परीक्षार्थियन के विषयवार प्राप्तांक खातिर अंकतालिको (Mark Sheet) ऑनलाइन जारी कर दिहल जाई। जदि कवनो छात्र भा छात्रा लो के लागत बा कि उनका लो के उम्मीद से कम मार्क्स मिलल बा तऽ आपन कॉपियन के जाँच (Scrutiny) करवा सकत बा।

एकरा खातिर बिहार बोर्ड ऑनलाइन फारम नतीजा के घोषणा के बाद जारी कइल जाई। पिछला बरिस के पैटर्न के अनुसार स्क्रूटिनी फॉर्म नतीजा घोषित होखला के 2 दिन बाद आधिकारिक वेबसाइट,biharboardonline.bihar.gov.i n पर उपलब्ध करा दिहल जाई।

एही तरे, जवना छात्र-छात्रा लो के एक या अधिक दू वो विषयन में फेल (Fail) घोषित कइल जाई, उऽ कंपार्टमेंट परीक्षा में सम्मिलित हो सकी। एकरा खातिर ऑनलाइन फॉर्म (Bihar Board Inter Compartment Exam Form) आधिकारिक वेबसाइट पऽ उपलब्ध करावल जाई। पिछिला बरिस के पैटर्न के अनुसार कंपार्टमेंट एग्जाम खातिर स्टूडेंट्स नतीजा के 4-5 दिन बाद से फॉर्म भर सकी।

Tags :
Advertisement