टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सीएम नीतीश कुमार के जुबान फेर से फिसलल, एs बेर बोलले- 400 से अधिक सीट लाके नरेंद्र मोदी के बनाए के बा

11:29 AM May 28, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

लोकसभा चुनाव प्रचार के दौरान मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के जुबान एक बेर फिसलल। सीएम रविशंकर प्रसाद के समर्थन में वोट मांगे खातिर पटना साहब लोकसभा क्षेत्र के दनियावां पहुंचल रहले। जनसभा के संबोधित करत उs कहले कि एक बेर फेर से 400 से जादे सीट लेके आदरणीय प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के मुख्यमंत्री बनावे के बा अवुरी देश के विकास करे के बा, सीएम से इs बात सुन के सभके अचरज भईल।

एकरा से पहिले वैशाली में सीएम नीतीश कुमार के जुबान फिसल गईल रहे

एकरा से पहिले सीएम नीतीश कुमार वैशाली में भी अयीसने बयान देले रहले। 19 मई के लोकसभा चुनाव प्रचार के दौरान मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के जुबान एक बेर फिसल गईल। उ वैशाली लोकसभा क्षेत्र के प्रेमराज खेल मैदान में चुनावी बैठक के संबोधित करत रहले। लोक जनशक्ति पार्टी (रामविलास) के उम्मीदवार वीणा देवी के समर्थन में वोट मांगत उs कहले कि उनुका के विजयी बनावे के होई। सीएम कहले कि हमनी के बिहार के सभ 40 सीट अवुरी देश भर के चार हजार सीट जीतल चाहतानी। एह दौरान बिहार सरकार के मंत्री विजय चौधरी अवुरी राज्यसभा सांसद संजय झा के संगे वैशाली विधायक सिद्धार्थ पटेल अवुरी वैशाली लोकसभा के उम्मीदवार वीणा देवी मंच पs मौजूद रहली।

7 अप्रैल के नवादा लोकसभा क्षेत्र में चुनाव प्रचार के दौरान सीएम नीतीश जी के जुबान से फिसल गईल रहे। ओह घरी मंच पs पीएम मोदी भी मौजूद रहले। उ कहले रहले - "आदरणीय प्रधानमंत्री के दसवां साल चलता। तब उs आगे जीयत रहीहे। पांच साल में कवनो दिक्कत ना होई। हमनी के पूरा उम्मीद बा कि चार... चार हजार से जादे एमपी होईहे।" ओकरा पक्ष में ई हमनी के निहोरा बा।  देश में 543 संसदीय क्षेत्र बा आ ओतने संख्या में सांसद चुनल जालें। बिहार में चालीस सीट बा। अबकी बेर पीएम मोदी 400 पार करे के लक्ष्य तय कइले बाड़न बाकिर 400 कt जगहा मुख्यमंत्री चार हजार बतवले. सीएम नीतीश के एs बयान पs बहुत आलोचना भईल।

 

 

 

 

 

Tags :
Chief Minister Nitish KumarCM NitishLok SabhaLok Sabha Electionspoliticsमुख्यमंत्री नीतीश कुमारराजनीतिलोकसभालोकसभा चुनावसीएम नीतीश
Advertisement
Next Article