टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar Crime: पटना में सड़क किनारे बइठल भाजपा नेता के गोली मार के हत्या

10:04 AM Sep 09, 2024 IST | Sonu Kishor
पटना में सड़क के किनारे खड़ा भाजपा नेता के दिनदहाड़े गोली मार के हत्या
Advertisement

बिहार में अपराधी के मनोबल उच्च देखाई देता। सोमवार के राजधानी पटना में सड़क के किनारे खड़ा भाजपा नेता के दिनदहाड़े गोली मार के हत्या कऽ दिहल गइल। एकरा चलते इलाका में दहशत के माहौल बा। बता दीं कि भाजपा के नेता सड़क के किनारे ऑटोरिक्शा के आवे के इंतजार करत रहले। बाइक सवार अपराधी के मोबाइलो अपना संगे लेके भाग गइले।

Advertisement

बिहार के राजधानी पटना में सोमवार के सिटी चौक थाना क्षेत्र के रामदेव महतो कम्युनिटी बिल्डिंग मोड़ पs सड़क के किनारे बइठल भाजपा नेता के गोली मार के हत्या क दिहल गइल। दिनदहाड़े भइल एह घटना से इलाका में सनसनी मच गइल। मौका पs पहुंच के पुलिस जांच शुरू कऽ देलस।

जानकारी के मुताबिक 55 साल के भाजपा नेता श्यामसुन्दर शर्मा उर्फ मुन्ना शर्मा ऑटोरिक्शा खातिर घर से निकलल रहले। उऽ सड़क के किनारे बइठ के इंतजार करत रहले। ए दौरान बाइक सवार अपराधी गोली मार के हत्या कऽ देले।

हत्या के बाद अपराधी फरार हो गइले। भागे के दौरान बदमाश मुन्ना शर्मा के मोबाइल छीन लिहले। शर्मा के छोट बेटा राहुल शर्मा बतवले कि उनकर पिता चांदी के चेन पहिनले रहले। बाकिर, अपराधी चैन आ पइसा ना छीनले।

राहुल बतवले कि गोली से घायल पिता के इलाज खातिर नालंदा मेडिकल कॉलेज पहुंचावल गइल। उहाँ डाक्टर साहेब उनका के मृत घोषित कर दिहले। पुलिस मामला के छानबीन करतिया

Tags :
Big breaking biharBihar crime newsBIHAR Patna NewsBJP leadersMurder bjp leader
Advertisement
Next Article