For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Bihar Crime: सनकी पति पत्नी के कटलस गर्दन, फेर मुरी हाथ में लेके घूमे लागल

02:51 PM Sep 16, 2024 IST | Sonu Kishor
bihar crime  सनकी पति पत्नी के कटलस गर्दन  फेर मुरी हाथ में लेके घूमे लागल
घटना से मौका पs सनसनी फइल गइल
Advertisement

सोमवार के सबेरे मधेपुरा के श्रीनगर थाना क्षेत्र के तहत पोखरिया टोला वार्ड-2 में एगो पागल पति अपना पत्नी के गर्दन दाब से काट के हत्या कऽ देलस। हत्या कइला के बाद आरोपी पति अपना पत्नी के कटल सिर हाथ में लेके एने - ओने घूमत रहे। इ देख के गाँव में सनसनी पसर गइल। हालांकि पुलिस आरोपी पति के गिरफ्तार कऽ लेले बिया।

Advertisement

मुख्यालय के डीएसपी मनोज मोहन बतवले कि सोमवार के सबेरे करीब 7 बजे श्रीनगर थाना प्रमुख के सूचना मिलल कि एगो आदमी अपना पत्नी पूजा देवी के गला तेज चाकू से काट के हत्या कऽ देले बा। पुलिस तुरंत कार्रवाई करत घटना के मुख्य आरोपी अर्जुन शर्मा के गिरफ्तार कऽ लेलस। उ बतवले कि लाश के पोस्टमार्टम खातिर सदर अस्पताल भेजल गइल बा। संगही घटना में इस्तेमाल भइल दाब के बरामद कऽ के जब्त कऽ लिहल गइल बा।

बतावल जाता कि आरोपी अपना पत्नी के धड़ के माथा से अलग कऽ देलस। माथा काटला के बाद हाथ में लेके एने -ओने घूमत रहले, जवना से जनता में सनसनी पैदा हो गइल। एकरा संगे-संगे ए बारे में जानकारी मिलला के बाद पुलिस सक्रिय हो गइल आ आरोपी के गिरफ्तार कऽ लेलस।

गाँव के लोग के कहनाम बा कि आरोपी पति अर्जुन शर्मा नाजायज संबंध के शक में अपना पत्नी के गला तेज दाब से काट देलस। फिलहाल पुलिस आरोपी के गिरफ्तार कऽ के महिला के लाश के पोस्टमार्टम खातिर भेज देले बिया।

ग्रामीण मो. नाजिर बतवले कि आरोपी अर्जुन हाथ में बैग लेके थाना के ओर आवत रहले। बैग से खून टपकत रहे। एही बीच एगो पुलिसकर्मी ओकरा के रोक दिहलस। तब सब लोग झोरा में कटल माथा देख के स्तब्ध हो गइल। एकरा बाद पुलिस ओकरा के गिरफ्तार कऽ लेलस। जब उनका से पूछल गइल कि तू अपना पत्नी के हत्या काहें कइलऽ तऽ उऽ कहले कि एकर नाजायज संबंध रहे। एकरा बाद ओकरा के कटल सिर के संगे थाना लिआवल गइल।

Tags :
Advertisement