टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar Crime: सीतामढ़ी में जादू-टोना के शक पs अधेड़ व्यक्ति के पीट-पीट के हत्या, जांच में जुटल पुलिस

04:19 PM Aug 27, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

बिहार के सीतामढ़ी में एगो अधेड़ आदमी के हत्या कs दिहल गइल बा। बतावल जाता कि मरेवाला आदमी पs जादू-टोना करे के शक रहे। फिलहाल पुलिस सूचना के बाद पहुंचल आ मामिला के जांच में जुटल बिया।

Advertisement

सीतामढ़ी जिला के रुन्नीसैदपुर में 55 बरीस के एगो आदमी के पीट-पीट के हत्या कs दिहल गइल। मामिला रुन्नीसैदपुर थाना क्षेत्र के बघाडी गांव के हs। घटना के बाद इलाका में सनसनी मच गइल बा। परिवार के लोग के हालत खराब बा आ रोवत बाड़े। इहाँ घटना के जानकारी मिलते रुन्नीसैदपुर थाना प्रभारी आ एसडीपीओ सदर रामकृष्ण घटना स्थल पs पहुंच के मामिला के जांच कइले। एकरा संगे-संगे लाश के हिरासत में लेके पोस्टमार्टम खातीर सदर अस्पताल सीतामढ़ी भेज दिहल गइल।

मरेवाला के पहचान उक्त थाना क्षेत्र के बघाडी गांव निवासी 55 साल के जानकी मुखिया के रूप में भइल बा। घटना के लेके बहुत बात कहल जा रहल बा। एकरा संगे-संगे कुछ लोग के कहनाम बा कि पुरनका प्रतिद्वंद्विता के चलते हत्या भइल। मरेवाला के चचेरा भाई आ परिवार के बाकी लोग गांव के दु-तीन लोग पs ए घटना के अंजाम देवे के आरोप लगवले बाड़े। मरेवाला के चचेरा भाई बतवले कि उहे गांव के बे शिवम ओकर हत्या कs देले बा।

मरेवाला के चचेरा भाई के मुताबिक आरोपी शिवम कहले रहे कि भगत ओकरा महतारी पs जादू कइले बाड़े। एही खीस में शिवम भगत के खोज में काल्ह रात जानकी मुखिया के घरे पहुंचल रहे। जहां ऊ चुलहाई भगत के गारी देवे लागल। जब ऊ ए गारी-गलौज के विरोध कइले तs शिवम आ ओकर पिता ज्ञानी, जानकी मुखिया के पकड़ के कहीं दोसर जगह ले गइल। जहां रात के अन्हार में ओकर हत्या हो गइल।

सोमवार के दिने ओकर लाश सरेह गांव से बरामद भइल। इहाँ डीएसपी रामकृष्ण कहले कि वर्तमान में गांव के लोग आ प्रत्यक्षदर्शी से बात भइल बा। कुछ लोग के नाम भी सामने आइल बा। बाकी, फिलहाल खोज बिन जारी बा, एकरा बादे कुछ पता चली ।

Tags :
Bhojpuri Newsbihar newsBihar policeCrime NewsKhabar bhojpuriKhabar Bhojpuri NewsMurder NewssitamadhiSuperstition
Advertisement
Next Article