For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

हार्डवेयर व्यवसायी से हथियार के बल पऽ 2.77 लाख के लूट, अपराधियन के कइल फायरिंग में एगो घायल

07:11 PM May 06, 2024 IST | Sonu Kishor
हार्डवेयर व्यवसायी से हथियार के बल पऽ 2 77 लाख के लूट  अपराधियन के कइल फायरिंग में एगो घायल
Advertisement

Bihar Crime News: सोमार दुपहरिया मे बेतिया-मोतिहारी सड़क पs मुफस्सिल थाना क्षेत्र के नगर निगम के कचरा डंपिंग पॉइंट के लगे लूट आ गोलीबारी के घटना सामने आइल बा। इहाँ अपराधी पटना के हार्डवेयर व्यवसायी मोहन तिवारी से 2 लाख रूपिया से ज्यादा के लूट कइले आ बस में सवार बदमाश बस रुकवा के हथियार के बल पs रुपया से भरल बैग छीन लेले आ पीछा कइला पs अंधाधुंध फायरिंग कइले। हार्डवेयर व्यवसायी मोहन तिवारी से 2 लाख 77 हजार रूपिया लूट लेले।

Advertisement

फायरिंग में कानह आ चेहरा पs लागल गोली

अपराधियन के फायरिंग में मझौलिया थाना क्षेत्र के थरेसरी निवासी मंजीत यादव गंभीर रूप से घायल हो गइले। उनका कानह आ चेहरा पs तीन गो गोली लागल बा। इलाज खातिर उनका के गवर्नमेंट मेडिकल कॉलेज अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।

गोली मरला के बाद अपराधी मंजीत यादव के बाइक लेके फरार हो गइले। घटना के सूचना पs सदर एसडीपीओ विवेक दीप मौका पs पहुंचले। अपराधियन के धर पकड़ खातिर पुलिस छापेमारी शुरू कऽ देले बिया।

अइसे दिहल गइल वारदात के अंजाम

बतावल जा रहल बा कि व्यवसायी मोतिहारी से रूपिया कलेक्शन के बाद बस से बेतिया आवत रहले। श्रीपुर के समीप दुनु अपराधी बस में सवार भइले। जइसही बस नगर निगम के डंपिंग पॉइंट के समीप पहुंचल सुनसान जगे देख के अपराधी बस रुकवा देलस ।

बस से उतरते समय हथियार देखा के व्यवसायी में बस से जबरन उतार लेले आ उनकर रूपिया से भरल बैग छीन भागे लगले। व्यवसायी बेतिया से बाइक से लौटत मंजीत यादव के रोक के आपन आपबीती सुनवले आ उनका के अपराधियन के पीछा करे के  निहोरा कइले।

तब उऽ व्यवसायी के बाइक पs बइठा के अपराधियन के पीछा करे लगले। पीछा करत देख अपराधी उनका पs फायरिंग कऽ देले सन। जवना से उनका गोली लाग गइल आ उऽ ओहिजा गीर गइले।

फारिंग के आवाज सुन के दउड़ले ग्रामीण

फायरिंग के आवाज सुन के गिद्धौरा के ग्रामीण दउड़ले। तब अपराधी गाँवों वालन पs अंधाधुंध फायरिंग शुरू कऽ देले सन। एही बीच दुनु अपराधी मंजीत यादव मे बाइक लेके फरार गइले।

घटना के सूचना पs एसडीपीओ मौका पs पहुंचले आ मामले के जांच कइले। जख्मी मंजीत यादव के अस्पताल पहुंचावल गइल। चिकित्सक लो बतावल कि मंजीत के तीन गो गोली लागल बा।

अपराधियन के पकड़े खातिर छापेमारी शुरू

कंधा में फंसल गोली के निकाल दिहल गइल बा। पुलिस लूट के शिकार बनल व्यवसायी से पूछताछ कर रहल बिया। अपराधियन के धर पकड़ खातिर नाकेबंदी कऽ के छापामारी शुरू कऽ दिहल गइल बा।

सीडीपीओ विवेक दीप बतवले कि व्यवसायी से लूट भइल बा। एगो व्यक्ति के गोली लागल बा। उनकर इलाज हो रहल बा। मामला के जांच कइल जा रहल बा।

Tags :
Advertisement