For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Bihar Crime news : उधारी अंडा ना देवे पs दोकानदार के पीट-पीट के हत्या, घटना के बाद पुलिस जांच शुरू कs देलस

12:46 PM Aug 08, 2024 IST | Raj Nandani
bihar crime news   उधारी अंडा ना देवे पs दोकानदार के पीट पीट के हत्या  घटना के बाद पुलिस जांच शुरू कs देलस
Advertisement

बिहार : अरवल जिला के करपी थाना क्षेत्र के अंतर्गत कोहरौड़ल गांव में देर शाम एगो अंडा दोकानदार के अपराधी पीट-पीट के हत्या कs देलस । घटना के बाद परिवार के लोग में कोहराम मचल बा।

Advertisement

मिलल जानकारी के मुताबिक कोहदौल गांव के निवासी 61 साल के अयोध्या सिंह अपना गांव के गुमटी में अंडा बेचत रहले। रोज नियन गांव के कुछ युवक अंडा खरीदे आके उधारी मांगे लगले। दोकानदार के मना कइला के बाद ओकरा के बहुत पिटाई भइल, जवना के चलते उनकर मौत हो गइल। मरेवाला के बेटा विमलेश कुमार बतवले कि गांव के राजकुमार कुमार, सनी कुमार अपना दोस्त के संगे उधार अंडा ना देवे पs उनका पिता के लाठी से बुरी तरह से पीटले।

घटना के बाद उनका के इलाज खातीर अरवल सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल, जहां उनकर इलाज के दौरान मौत हो गइल। इहाँ सूचना मिलला के बाद करपी थाना के पुलिस मौका पs पहुंचल आ परिवार के लोग से घटना के जानकारी लेला के बाद सदर अस्पताल से लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातीर भेज देलस।

Tags :
Advertisement