टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar CTET News: केंद्रीय शिक्षक पात्रता परीक्षा में पकड़इले 30 गो फर्जी परीक्षार्थी, 50 हजार लेके देत रहले एग्जाम

08:10 AM Jul 09, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Bihar CTET News: एतवार के दिने केन्द्रीय शिक्षक पात्रता परीक्षा करावल गइल आ एह परीक्षा के दौरान 30 गो फर्जी परीक्षार्थियन के गिरफ्तार कऽ लिहल गइल। पांच परीक्षा केन्द्र से एह फर्जी अभ्यर्थियन के गिरफ्तार कइल गइल बा। केंद्रीय शिक्षक पात्रता परीक्षा एतवार के दु पाली में 41 केंद्र पs भइल। जब उ बायोमेट्रिक में आपन निशान लगवले तऽ मशीन में मेल ना खात रहे।

Advertisement

केंद्रीय शिक्षक पात्रता परीक्षा (सीटीईटी) के दौरान एतवार के राज्य में 30 फर्जी उम्मीदवार पकड़इले। दरभंगा जिला में 12, पटना जिला में 10, छपरा में 5, गोपालगंज में 2 आउर बेगूसराय जिला में 1 गो नकली उम्मीदवार के गिरफ्तार कइल गइल।

दरभंगा जिला के दु पाली में 41 केंद्र पs केंद्रीय शिक्षक पात्रता परीक्षा भइल। पकड़ाइल 12 गो फर्जी उम्मीदवारन में 10 गो मरद आ दू गो मेहरारू बाड़ी। लहेरियासराय, बहादुरपुर आ सदर थाना में सभका खिलाफ प्राथमिकी कार्रवाई चलऽता।

 पहिलके पाली में फंस गइलें

पहिला पाली में मधुबनी के मधेपुर थाना क्षेत्र के सुंदरपुर शंकरपुर निवासी राम प्रसाद यादव के बेटा मनोज कुमार के एमएल अकादमी से पकड़ा गइले। उऽ दरभंगा सदर थाना के धोई निवासी रामबाबू मंडल के बेटा श्रवण कुमार मंडल के जगही परीक्षा में हाजिर रहले। श्रावण के सेंटर गेट से गिरफ्तार कऽ लिहल गइल।

जबकि दूसरका पाली में लहेरियासराय के प्लस टू एमएल एकेडमी स्कूल, भिगो के जिला स्कूल आ एंजेल हाई स्कूल से दू-दू गो, बहादुरपुर थाना के भाईरोपट्टी के नोट्रे डेम इंटरनेशनल स्कूल आ दिल्ली के सदर थाना के दरभंगा पब्लिक स्कूल से एक-एक गो आउर पकड़ल गइल।

मशीन में कवनो निशान ना मिलल

परीक्षा के दौरान केंद्र अधीक्षक जब बायोमेट्रिक मशीन में अंगूठा डलले तऽ उनकर अंगुरी के निशान ना मिलल। केंद्रीय अधीक्षक जब कड़ा पूछताछ कइले तऽ सभे धोखाधड़ी के बात कबूल कऽ लेले। फर्जी उम्मीदवार बतवले कि उ लोग पचास हजार रुपया देके केहु अउरी के जगह परीक्षा देवे आइल रहले। एकरा बाद उऽ लोग के पुलिस के हवाले कऽ दिहल गइल।

बहादुरपुर थाना अंतर्गत भैरोपट्टी के नोट्रे डेम इंटरनेशनल स्कूल के केंद्र से औरंगाबाद जिला के दाउदनगर निवासी सोमारू प्रजापति के बेटा मुकेश कुमार के पकड़ल गइल। उऽ महेंद्रू पटना के सोनू राजभर के ओर से परीक्षा देत रहले। बहादुरपुर थाना प्रभारी सुनील कुमार बतवले कि केंद्रीय अधीक्षक हेमंत कुमार के आवेदन पs थाना में प्राथमिकी दर्ज करावल गइल बा।

एही समय गोपालगंज जिला के दू गो परीक्षा केन्द्र श्री भारती अकादमी आ एसएस पब्लिक स्कूल दीघवा दुबौली के एगो फर्जी अभ्यर्थी के बायोमेट्रिक हाजिरी एजेंसी पकड़ लेलस जब ओह लोग के अंगुरी के निशान ना मेल खात रहे।

स्वीकार कऽ के परीक्षा देबे के बात कइले

दुनु जने दोसरा के तरफ से परीक्षा देबे के बात कबूल कऽ लिहले। केंद्र के अधीक्षक दुनो के परीक्षा से निकाल के पुलिस के हवाले कऽ देले। डीएवी पब्लिक स्कूल थावे के जिला समन्वयक सह प्रधानाचार्य भरत प्रसाद सिंह इ जानकारी दिहलें।

छपरा में बायोमेट्रिक हाजिरी के दौरान पांच फर्जी उम्मीदवार पकड़ा गइले। पहिला पाली (पेपर दू) में सरकारी बालिका हाई स्कूल में एगो, दूसरा पाली में भागवत विद्यापीठ में दुगो, आरएनपी पब्लिक स्कूल में एगो आ सेंट्रल पब्लिक स्कूल में एगो फर्जी उम्मीदवार पकड़ल गइल।

दूसर ओर बेगूसराय जिला में पीएम श्री केंद्र विद्यालय गढ़हरा के दूसरी पाली में एगो फर्जी उम्मीदवार के पुलिस गिरफ्तार कऽ लेलस। उनकर पहचान भागलपुर जिला के सुल्तानगंज थाना क्षेत्र के तिलकपुर नवादा निवासी जोगिंदर राम के बेटा आनंद कुमार के रूप में भइल बा।

Tags :
Bihar CTETbihar newsCTET ExamKhabar Bhojpuri News
Advertisement
Next Article