टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar: फोन पs पति-पत्नी के बीच विवाद भइल, खिसियाइल पति मोतिहारी पहुंचते पत्नी के हत्या कs देलख; आरोपी के गिरफ्तार कर लिहल गइल

12:48 PM Aug 22, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

बिहार : मोतिहारी के बंजरिया थाना क्षेत्र के सिसवानिया गांव में पति-पत्नी के बीच फोन पs विवाद जानलेवा हो गइल। इहां परदेश कमाए गइल पति अपना पत्नी से फोन पs बात कइले आ एकरा बाद पति खिसिया के परदेश से घरे लवट गइले। घरे लवटते ही ऊ अपना पत्नी के हत्या कs देले। घटना के आधा घंटा के भीतर हत्यारा पति के पुलिस गिरफ्तार कs लेलस।

Advertisement

बंजरिया थाना प्रभारी इंदरजीत पासवान बतवले कि सिसवानिया गांव के शाकिर रहमान के बियाह मुर्तजा खातून से मात्र दु साल पहिले भइल रहे। शाकिर रहमान दोसरा राज्य में मजदूर के काम करे चल गइल रहले। बतावल जाता कि फोन पs कवनो मुद्दा पs पति-पत्नी के बीच विवाद भइल रहे। घटना के जानकारी मिलते थाना प्रमुख इंदरजीत पासवान खुद घटना स्थल पs गइले आ उनका संगे प्रशिक्षु पीएसआई नीलम कुमारी, सोनेलाल कुमार आ चौकीदार संजय पासवान आ अरविंद कुमार भी मौजूद रहले। छापामारी भइल आ घटना के मात्र आधा घंटा बाद उक्त अपराधी के गिरफ्तार कs लिहल गइल।

छापामारी के दौरान हत्या में इस्तेमाल भइल चाकू भी बरामद भइल बा। थाना प्रमुख कहले कि ई एगो घिनौना अपराध हs आ अइसन अपराध खातीर सहानुभूति के कवनो जगह ना होखे के चाही। ए मामला में घटना के विस्तृत कारण आ एकरा से जुड़ल अउरी लोग के पहचान कइल जाता

पोस्टमार्टम रिपोर्ट में अउरी खुलासा होई। पुलिस ए मामला में बहुत बिंदु के जांच करतिया। ई घटना सिसवानिया गाँव के वार्ड नम्बर 12 में भइल। मुर्तजा खातून बीस साल के रहली आ उनकर बियाह शाकिर रहमान से महज दू साल पहिले भइल रहे । शाकिर रहमान पत्नी के हत्या क के फरार हो गइल रहले। ऊ सोचले कि ए घटना के बाद ऊ भूमिगत हो जईहे,बाकी बंजरिया पुलिस उनकर योजना नाकाम कs देलस।

Tags :
Bhojpuri khabarBig breaking biharHusband wife fightKhabar Bhojpuri Newskhabar bhojpuri officialMotihari NewsMotihari UpdateMurder News
Advertisement
Next Article