टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बिहार शिक्षा विभाग के फैसला; चुनाव बाद होई 85 हजार नियोजित शिक्षकन के सक्षमता परीक्षा, पढ़ीं सारा डिटेल

04:28 PM May 20, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

BIHAR NEWS: बिहार के नियोजित शिक्षकन खातिर बड़ खबर सामने आइल बा। नियोजित शिक्षकन के लोकसभा चुनाव में लागल ड्यूटी के लेके जिलाधिकारी छोड़े के तइयार ना भइले। लोकसभा चुनाव के अंतिम चरण एक जून के बा । चार जून के मत के गिनती बा। एकरा मद्देनजर शिक्षा विभाग चार जून के बादे दूसरका सक्षमता परीक्षा के आयोजन के संकेत दे देलस।

Advertisement

राज्यकर्मी बने के प्रतीक्षा कर रहल नियोजित शिक्षकन के सक्षमता परीक्षा लोकसभा चुनाव के बाद होई। ई दूसरका सक्षमता परीक्षा होई, जवना में बइठे खातिर 85 हजार नियोजित शिक्षकन के ओर से ऑनलाइन फॉरम भरल गइल बा।

एमें उत्तीर्ण होखे वाला नियोजित शिक्षक राज्यकर्मी बनिहें। शिक्षा विभाग के अनुसार, दूसरका सक्षमता परीक्षा 12, 14 आ 15 मई में लेवे के तैयारी रहे, बाकिर नियोजित शिक्षकन के लोकसभा चुनाव में लागल ड्यूटी के मद्देनजर परीक्षा ना लिहल गइल।

शिक्षा विभाग काहे कइलस ई फैसला ?

नियोजित शिक्षकन के लोकसभा चुनाव में लागल ड्यूटी के लेके जिलाधिकारी छोड़े के तइयार ना भइले। लोकसभा चुनाव के अंतिम चरण एक जून के बा । चार जून के मत के गिनती बा। एकरा मद्देनजर शिक्षा विभाग चार जून के बादे दूसरका सक्षमता परीक्षा के आयोजन के संकेत दे देलस।

26 अप्रैल से भरल जा रहल बा ऑनलाइन परीक्षा फॉर्म

दूसरका सक्षमता परीक्षा के ऑनलाइन परीक्षा फॉर्म भरे के अंतिम तिथि चार मई तक के रहे, जवना के बढ़ा के छह मई कइल गइल रहे। नियोजित शिक्षकन, शारीरिक शिक्षकन आ  पुस्तकालयाध्यक्षन खातिर बिहार विद्यालय परीक्षा समिति द्वारा लेवे जाए वाली दूसरका सक्षमता परीक्षा में बइठे खातिर ऑनलाइन परीक्षा फॉर्म 26 अप्रैल से भरल जा रहल बा।

परीक्षा में पास होखे खातिर सामान्य कोटि के नियोजित शिक्षकन खातिर न्यूनतम 40 प्रतिशत अंक, पिछड़ा वर्ग कोटि के नियोजित शिक्षकन खातिर न्यूनतम 36.5 प्रतिशत अंक, अत्यंत पिछड़ा वर्ग के नियोजित शिक्षकन खातिर न्यूनतम 34 प्रतिशत अंक, अनुसूचित जाति-अनुसूचित जनजाति कोटि, दिव्यांग कोटि आ महिला कोटि के नियोजित शिक्षकन खातिर न्यूनतम 32 प्रतिशत अंक लावे के अनिवार्यता होई।

एमें पहिला से पांचवां, छठा से आठवां, नौवां से दसवां आ ग्यारहवां से बारहवां कक्षा के नियोजित शिक्षक शामिल होइहें।

Tags :
Bihar EducationBihar Education Departmenteducation newsKhabar Bhojpuri Newskhabar bhojpuri news specialKK PathakKK Pathak New Order
Advertisement
Next Article