टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar Election 2025: कतना सीटन पऽ चुनाव लड़ी जन सुराज? प्रशांत किशोर कऽ देले एलान; 40 महिलाओ लो को टिकट

09:31 AM Aug 26, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

प्रशांत किशोर: विधानसभा चुनाव अगिला साल यानी 2025 में बिहार में होखे वाला बा। एह चुनाव में प्रशांत किशोर के पार्टी जन सूरज पहिला बेर मैदान में उतरी। एतवार के दिने प्रशांत किशोर एलान कइले बाड़न कि उनकर पार्टी सगरी विधानसभा क्षेत्रन में आपन उम्मीदवार खड़ा करी। एमें से कम से कम 40 गो महिला लो के टिकट दिहल जाई। बता दीं कि जन सुराज के तहत पीके गाँव गाँव घूम रहल बाड़े।

Advertisement

प्रशांत किशोर (पीके) एलान कइले बाड़न कि अगिला साल बिहार में होखे वाला विधानसभा चुनाव में उनकर पार्टी जन सुराज सगरी 243 सीट पs चुनाव लड़ी। संगही उऽ घोषणा कइले बाड़े कि कम से कम 40 महिला के मैदान में उतारल जाई। एहसे पहिले पीके एलान कइले रहले कि विधानसभा चुनाव में बेहद पिछड़ा वर्ग के कम से कम 75 लोग के टिकट दिहल जाई।

पटना में महिला सम्मेलन के संबोधित करत राजनीतिक परामर्शदात्री फर्म आई-पीएसी के संस्थापक प्रशांत किशोर कहले कि जन सुराज राज्य के महिला के सशक्त बनावल चाहऽता। हम तऽ पहिलही कह चुकल बानी कि जन सुराज 2025 में बिहार के सभ 243 विधानसभा सीट पs चुनाव लड़ी। उऽ कहले कि कुल 243 सीट में से जन सूरज कम से कम 40 सीट प महिला उम्मीदवार खड़ा करीहे।

जदि सरकार बनी तऽ महिला के आर्थिक मदद मिली

प्रशांत किशोर कहले कि 2025 में जब बिहार में जन सुराज सरकार बन जाई तऽ सभ महिला के बहुत नाममात्र के दर से आर्थिक सहायता दिहल जाई, जवन कि अपना दम प कमाई करे अउरी व्यापारी बने के चाहतारी। ई ब्याज दर जीविका दीदीस से लिहल मौजूदा ब्याज दर से कम होखी।

दस हजार रुपिया के नौकरी खातिर बिहार छोड़े के ना पड़ी

प्रशांत किशोर कहले कि जब तक महिला के आर्थिक आजादी ना मिली तब तक सरकार में उनकर बराबर भागीदारी संभव नइखे। जन सुराज के सरकार बनल तऽ केहू के 10-12 हजार रूपिया खातिर, नौकरी खातिर बिहार छोड़े के मजबूरी ना होई। किशोर कहले कि एकरा खातिर हमनी के एगो व्यापक योजना तइयार कइले बानी।

Tags :
bihar newsbihar politicsBIHAR poltics NewsJan Surajkhabar bhojpuri poltics NewsPoltics News Biharprashant kishore
Advertisement
Next Article