For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Bihar Flood: पीड़ितन के मदद खातिर उड़त हेलीकॉप्टर बाढ़ के पानी में गिरल

03:47 PM Oct 02, 2024 IST | Sonu Kishor
bihar flood  पीड़ितन के मदद खातिर उड़त हेलीकॉप्टर बाढ़ के पानी में गिरल
Advertisement

बिहार में हेलीकाप्टर खाना के पैकेट गिरावत घरी बेकाबू होके बाढ़ के पानी में गिर गइल। जेकरा मदद खातिर हेलीकाप्टर गइल रहे, उहे लोग हेलीकाप्टर में मौजूद टीम के बचवलस।

Advertisement

पिछला तीन दिन से बिहार के बाढ़ प्रभावित इलाकन में राहत सामग्री गिरावे के जिम्मेवारी सेना के हेलीकाप्टर ले लिहले बा। एकर शुरुआत सबसे पहिले सीतामढ़ी से भइल रहे। एकरा बाद हेलीकाप्टर के इस्तेमाल से राज्य के दोसरा जिला में राहत सामग्री पहुंचावे के काम शुरू हो गइल। बुध के मुजफ्फरपुर में अइसन एगो हेलीकाप्टर बाढ़ के पानी में गिर गइल। जब हेलीकाप्टर बेकाबू होके राहत सामग्री गिरावे के समय पानी में गिर गइल त स्थानीय लोग जल्दी से कूद के बचाव दल के बचा लेले।

Tags :
Advertisement