टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar Flood News: ढाढ़र नदी में बाढ़ अइला से टूट गइले डायवर्जन, आवागमन बाधित; पांच साल से चलत रहे निर्माण

04:50 PM Aug 24, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

ढाढ़र नदी में आइल बाढ़ से पुल-लिंक रोड पर बनल डायवर्सन बह गइल बा। डायवर्सन के चलते पिछला 48 घंटा से सड़क पs बड़ अउरी भारी गाड़ी के आवाजाही पूरा तरीका से ठप्प हो गइल बा। एह साल तीन बेर डायवर्सन बह गइल बा। पुल निर्माण में देरी से स्थानीय लोग में आक्रोश मचल बा।

Advertisement

डायवर्सन के चलते पछिला 48 घंटा से सड़क प बड़ आ भारी गाड़ी के आवाजाही पूरा तरीका से ठप्प हो गइल बा। एह साल तीन बेर डायवर्सन बह गइल बा।

बरसात के मौसम में डायवर्सन के हालत खराब रहल बा। एकरा विकल्प के तौर पs तिलैया ढाढ़र सिचाई परियोजना के लिंक रोड से छोट गाड़ी आ रहल बा। ओह सड़क पर एगो बड़हन गाड़ी के प्रवेश का चलते जाम लागल बा।

 पुल बनावे खातिर विभाग के दू से तीन गो ठेकेदार बदले के पड़ल।

ढाढ़र नदी प बनल पुल के निर्माण के काम पछिला पांच साल से चलत बा। ठेकेदार आ विभाग के लापरवाही के चलते पुल के निर्माण में बहुत समय लागल बा। पुल बनावे खातिर विभाग के दू से तीन ठेकेदार बदले के पड़ल।

पुल के ढलाई के काम पूरा हो चुकल बा। पुल के एप्रोच रोड से जोड़े खातिर दुनो ओर से माटी भर के सड़क बनावल जा रहल बा। मानसून के आगमन के चलते लिंक रोड बनावे के काम बंद हो गइल बा।

गया रजौली स्टेट हाईवे 70 रजौली आ डोभी जीटी रोड के जोड़त बा। उक्त राजमार्ग फतेहपुर, वजीरगंज, पटना, राजगीर, नवादा सड़क के जोड़त बा।

फतेहपुर निवासी मिथलेश सिंह, भाजपा अध्यक्ष संजय सिंह, युवा अध्यक्ष शशि कांत कुमार, राजद अध्यक्ष विंदेश्वरी प्रसाद यादव, पूर्व जिला पार्षद नागेन्द्र यादव डीएम, पुल निगम के अधिकारी अवुरी क्षेत्रीय विधायक से डायवर्सन के मरम्मत आ बिना देरी के पुल के परिचालन करावे के मांग कइले बाड़े।

पुल निगम के सहायक अभियंता रूपनारायण बतवले कि बरखा खतम होखते पुल के सुचारू रूप से परिचालन शुरू क दिहल जाई।

Tags :
biharBihar Bridge CollapseBIHAR flood newsBihar floods newsbihar news
Advertisement
Next Article