For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Bihar Land Survey: बिहार में अतना दिन खातिर टलल जमीन सर्वे के काम

03:33 PM Sep 22, 2024 IST | Sonu Kishor
bihar land survey  बिहार में अतना दिन खातिर टलल जमीन सर्वे के काम
भूमि सुधार आ राजस्व मंत्री दिलीप जायसवाल
Advertisement

बिहार में भूमि सर्वे के काम तीन महीना खातिर टाल दिहल गइल बा। भूमि सुधार आ राजस्व मंत्री दिलीप जायसवाल ई जानकारी दिहले बाड़न। पत्रकारन से बात करत उऽ कहले कि रैयत लो के तीन महीना के समय दिहल जा रहल बा ताकि उऽ लोग ठीक से कागज खोज सके। एकरा संगे-संगे जमीन सर्वेक्षण के काम में लागल लोग के कैथी लिपि सीखे के कहल गइल बा।

Advertisement

मंत्री जी का कहले...

पत्रकारन से बतियावत मंत्री कहले कि हम रैयत के तीन महीना के समय देत बानी कि कागज खोजल जा सके। उऽ कागज निकाल लेस। एह दौरान हमनी के सभे जनप्रतिनिधि के संगे बइठ के समझब कि कवन-कवन समस्या के सामना करे के पड़ता। एकरा बाद सरकार रैयत के संगे बइठक कऽ के एकर ठोस समाधान निकाली। सूत्र बतावत बाड़े कि एह मामला में मंत्री जी पटना के सभ सीओ के संगे बैठक कऽ के जानस कि जमीन के सर्वेक्षण के दौरान कवना प्रकार के समस्या के सामना करे के पड़ता।

Tags :
Advertisement