टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar News: सीढ़ी से गिरली मंत्री लेसी सिंह, आईसीयू में चल रहल इलाज; उन्नयन बिहार कार्यक्रम के दौरान अइसन भइल

02:24 PM Oct 26, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
घटना से कुछ देर पहिले के तस्वीर। - फोटो : अमर उजाला
Advertisement

बिहार सरकार में खाद्य आ उपभोक्ता संरक्षण मंत्री लेसी सिंह कार्यक्रम के दौरान सीढ़ी पर से गिरला से चोटिल हो गइली। उनका के पूर्णिया के निजी अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। आईसीयू में उनकर इलाज जारी बा। मंत्री के कमर आ हाथ में गंभीर चोट आइल बा। डॉक्टर उनका के खतरा से बाहर बतावल गइल बा।

Advertisement

उन्नयन बिहार कार्यक्रम में सामिल होखे पहुंचल रहली

बतावल जात बा कि मंत्री लेसी सिंह सनीचर के सबेरे ओह समय गिरला से चोटिल हो गइली जब ऊ जिला के प्रभारी मंत्री विजय कुमार चौधरी आ पूर्व सांसद संतोष कुशवाहा के संगे स्थानीय जिला स्कूल परिसर में उन्नयन बिहार कार्यक्रम में सामिल होखे पहुंचल रहली। इहां ऊ गिर गइली आ उनका गंभीर चोट आइल बा। उनकर ईलाज निजी अस्पताल में चल रहल बा।

लोग स्वस्थ होखे के दुआ कs रहल बा लो

बता दीं कि मंत्री लेसी सिंह पूर्णिया के धमदाहा विधानसभा से विधायक बाड़ी आ वर्तमान में जदयू कोटा से बिहार सरकार में उपभोक्ता संरक्षण मंत्री बाड़ी। ऊ सीएम नीतीश के करीबियन में से एगो बाड़ी। सीमांचल आ कोसी में उनका आयरन लेडी के तौर पs जानल जाला। एने, मंत्री के तबीयत बिगड़ला के सूचना पाके ना खाली परिवार वाला बलुक जदयू के नेता आ आला अधिकारियो मवका पs पहुंचल रहली। सभे लेसी सिंह के इस्थिति जाने के कोसिस कइल। फिलहाल, अस्पताल के बाहर समर्थकन के जमावड़ा लागल बा। सब लोग उनका स्वस्थ होखे के दुआ कs रहल बा लो।

Tags :
Bhojpuri Newsbihar newsLesi Singh InjuryMinister Lesi Singh
Advertisement
Next Article